Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर के नीतीश के बड़ कारनामा: 19 घंटा में पूरा कइलें माउंट किनाबालू के चढ़ाई

284
Google Ads 300*250 for posts

गोरखपुर। शहर के जुवा पर्वतारोही नीतीश सिंह मलेशिया के सबसे ऊंच चोटी माउंट किनाबालू (4095 मीटर) पs चढ़ाई के मात्र 19 घंटा में सफलतापूर्वक पूरा कs लेले बाड़ें। ऊ एह पर्वत पs सबसे कम समय में चढ़े वाला भारतीय बन गइल बाड़ें। मूल रूप से चरगांवा क्षेत्र के रामपुर गोपालपुर गांव आ शहर के राजेंद्र नगर निवासी नीतीश सिंह पांच जुलाई के दिल्ली से मलेशिया खातिर रवाना भइल रहस।

छव के ऊ मलेशिया के कोटा किनाबालू पहुंचल रहस। सात ले औपचारिक प्रक्रिया पूरी कइलें। आठ के सबेरे 9:45 बजे नेशनल पार्क से चढ़ाई सुरू कइलें। पहिला कैंप (3100 मीटर) पs दुपहरिया 2:30 बजे पहुंच गइल रहस। इहां बरखा के कारण उनका ठहरे के पड़ल। रात 2:30 बजे 3100 मीटर के ऊंचाई से अपना मंजिल खातिर निकल गइलें। कठिन आ खड़ा चढ़ाई के चुनौतियन के पार करत सबेरे 5:30 बजे माउंट किनाबालू पs तिरंगा झंडा फहरा देलें। नीतीश पांचवां अंतरराष्ट्रीय चोटी के फतह कइलें बाड़ें।

एचपीसीएल के संगे करिहें पौधरोपण

नीतीश माउंट किनाबालू पs एचपीसीएल के लोगो लगवले बाड़ें। एचपीसीएल के कार्यकारी निदेशक राजीव गोयल उनका के बधाई देले बाड़ें। एचपीसीएल घोषणा कइले रहे कि नीतीश जेतना मीटर क्लाइंब करी, ओतना पवधा गोरखपुर में लगावल जाई। नीतीश के अइला के बाद पौधरोपण अभियान सुरू होई।

892420cookie-checkगोरखपुर के नीतीश के बड़ कारनामा: 19 घंटा में पूरा कइलें माउंट किनाबालू के चढ़ाई

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.