Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोवा के पेरनेम में सुरंग में भरल पानी, कोंकण रेलवे रूट पs कई गो ट्रेन भइल रद्द

186

 

पिछला कुछ दिन से देश के कई हिस्सा में भईल भारी बरखा के चलते जीवन बाधित हो गईल बा। बरखा से होखे वाला भूस्खलन के चलते पहाड़ी इलाका में जहां सड़क बाधित हो गईल बा, उहें बहुत रूट पs ट्रेन के भी रद्द करे के पड़ल बा। एह श्रृंखला में बुध के सबेरे कोंकण रेलवे मार्ग पs एक बेर फेरू गोवा के पेरनेम में एगो सुरंग के भीतर पानी भरला के चलते आवागमन बाधित हो गइल. अधिकारी बतवले कि सुरंग में पानी भरला के चलते कुछ ट्रेन के रद्द करे के पड़ल अवुरी कुछ के रूट बदले के पड़ल।

सुरंग में देर रात पानी से भर गईल

कोंकण रेलवे कॉरपोरेशन (KRCL) के उप-महाप्रबंधक बबन घाटगे कहले कि, ‘मदुरे-पेरनेम खंड के बीच पेरनेम सुरंग में पानी के भरला के चलते मंगल के दुपहर 2.35 बजे से रेलवे यातायात प्रभावित भईल बा।’ मार्ग के एक बेर फेरु से मंगल के रात दस बजे से चले के अनुमति दिहल गइल. हालांकि घाटगे के मुताबिक दुपहरिया 2.59 बजे फेर से सुरंग में पानी भर गईल, जवना के चलते कोंकण रेलवे मार्ग पs कुछ ट्रेन रद्द हो गईल बा अवुरी कुछ के डायवर्ट कs दिहल गईल बा।

KRCL के ओर से बुध के जारी बुलेटिन के मुताबिक, जवन ट्रेने रद्द कइल गईल ओमे 10104 मंडोवी एक्सप्रेस (मडगांव से मुंबई), 50108 मडगांव से सावंतवाड़ी (महाराष्ट्र) पैसेंजर ट्रेन, 22120 मडगांव से मुंबई तेजस एक्सप्रेस, 12052 मडगांव से मुंबई जनशताब्दी एक्सप्रेस और 10106 सावंतवाड़ी-दिवा एक्सप्रेस शामिल बा। बुलेटिन के मुताबिक, जवन ट्रेन के रूट में बदलाव कइल गईल बा। ओमे 19577 तिरुनेलवेली-जामनगर एक्सप्रेस, 16336 नागरकोइल-गांधीधाम एक्सप्रेस, 12283 एर्नाकुलम-हजरत निजामुद्दीन एक्सप्रेस, 22655 एर्नाकुलम-हजरत निजामुद्दीन एक्सप्रेस और 16346 तिरुवनंतपुरम सेंट्रल-लोकमान्य तिलक एक्सप्रेस शामिल बा.

 

 

 

890950cookie-checkगोवा के पेरनेम में सुरंग में भरल पानी, कोंकण रेलवे रूट पs कई गो ट्रेन भइल रद्द

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.