खुशखबरी! WhatsApp से होखे वाला फ्रॉड पs लागी लगाम! आ रहल बा नया फीचर

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 10, 2024

WhatsApp के ओर से एगो नया फीचर के ऐलान कइल गइल गइल बा, जवन वॉट्सऐप से होखे वाला फ्रॉड पs लगाम लगावे में मदद करी। एह फीचर के इंतजार बहुते लमहर समय से यूजर्स करत

Share

WhatsApp के ओर से एगो नया फीचर के ऐलान कइल गइल गइल बा, जवन वॉट्सऐप से होखे वाला फ्रॉड पs लगाम लगावे में मदद करी। एह फीचर के इंतजार बहुते लमहर समय से यूजर्स करत रहे लो। अइसन में वॉट्सऐप के राहत के उम्मेद बा। दरअसल पिछिला कुछ बरिसन में वॉट्सऐप फ्रॉड के घटना बढ़ल बा, जवना से बचाव खातिर वॉट्सऐप एगो नया फीचर Context Card लेके आ रहल बा। एह फीचर में यूजर्स के अनजान ग्रुप चैट के बारे में सूचना दिहल जाई। ई फीचर वॉट्सऐप यूजर्स के अनजान ग्रुप में सामिल होखे में मदद करी कि ओह ग्रुप चैट में सामिल होखे के चाहीं कि ना।

कॉन्टेक्स्ट कार्ड फीचर

नया कॉनटेक्स्ट कार्ड फीचर ओह घरी लउकी, जब यूजर के कवनो अनजान व्यक्ति एगो नया ग्रुप चैट में सामिल कइल करी, जवन ओकरा कॉन्टैक्ट लिस्ट में सामिल नइखे। ओह घरी ई कार्ड लउकी आ ओह ग्रुप के बारे में सारा जानकारी दिही। संगही ई जानकारी दी कि ओह ग्रुप में कवन आदमी जोड़ले बा। ई ग्रुप कब बनल रहे आ एकरा के, के बनवले रहे। एकरा अलावे कॉन्टेक्स्ट फीचर ग्रुप डिस्क्रिप्शन के देखाई। ई फीचर यूजर के कवनो अनजान ग्रुप में सामिल होखे के लेके अलर्ट करी।

ग्रुप स्कैम स्कैम के रोके में करी मदद

WhatsApp के नया कॉन्टेक्स्ट कार्ड फीचर के पहिलही से रोलआउट कइल सुरू कs दिहल गइल बा। संगही उम्मेद बा कि आवे वाला हफ्तन में ई दुनियाभर के सब Whatsapp यूजर्स के लिए उपलब्ध हो जाएगा। ई सुविधा WhatsApp के मवजूदा सेफ्टी पs बेस्ड बा। बता दीं कि वॉट्सऐप लगातार यूजर्स के सेफ्टी पs काम कs रहल बा। वॉट्सऐप के सारा मैसेज एन्क्रिप्टेड होला। एही कड़ी में वॉट्सऐप एगो नया सेफ्टी फीचर रोलआउट करे के ऐलान कइले बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.