Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Petrol-Diesel Price Today: पेट्रोल-डीजल के नया दाम भइल अपडेट, फटाफट चेक करीं आज कतना रूपिया लीटर बेचाता फ्यूल

392
Google Ads 300*250 for posts

देश के सरकारी तेल कंपनी आज यानी ऐतवार के 23 जून 2024 खातिर पेट्रोल आ डीजल के रेट्स रिवाइज कऽ देले बाड़ी। आजो पेट्रोल-डीजल के कीमतन के लेके कवनो तरे के बदलाव नइखे भइल। पेट्रोल- डीजल के कीमत राज्य सरकार द्वारा लगावल जाए वाला वैट के वजह से देश के हर राज्य में अलग-अलग होला।

गोवा खातिर हालहीं में बदलल फ्यूल रेट्स

बता दी, सरकारी तेल कंपनी रोज सुबह 6 बजे फ्यूल रेट्स को रिवाइज करेली सन। दरअसल, देश के घरेलू बाजारन में पेट्रोल- डीजल के कीमत अंतरराष्ट्रीय बाजार में कच्चा तेल के कीमत पs आधारित होला।

इहे वजह बा कि कच्चा तेल के कीमत पs आधारित पेट्रोल- डीजल के रेट्सो रोजाना अपडेट कइल जाला। उहे, हर शहर में पेट्रोल- डीजल के रेट अलग होखे के वजह राज्य सरकार द्वारा लगावल जाए वाला वैट होला।

पिछिलका दिन में गोवा में पेट्रोल आ डीजल के कीमत में बढ़ोतरी भइल रहे, एकरा से पहिले कर्नाटक सरकार राज्य खातिर पेट्रोल डीजल के नया रेट्स जारी कइले रहे।

चार महानगरन में पेट्रोल- डीजल के दाम

दिल्ली में एक लीटर पेट्रोल के कीमत 94.72 रूपिया आ डीजल के कीमत 87.62 रूपिया प्रति लीटर बा।

मुंबई में पेट्रोल के कीमत 104.21 रूपिया प्रति लीटर आ डीजल के कीमत 92.15 रूपिया प्रति लीटर बा।

कोलकाता में पेट्रोल के कीमत 103.94 रूपिया प्रति लीटर आ डीजल 90.76 रूपिया प्रति लीटर बा।

चेन्नई में पेट्रोल के कीमत 100.75 रूपिया प्रति लीटर आ डीजल के कीमत 92.34 रूपिया प्रति लीटर बा।

आउर शहरन में पेट्रोल- डीजल के दाम

नोएडा:पेट्रोल 94.83 रूपिया प्रति लीटर आ डीजल 87.96 रूपिया प्रति लीटर

गुरुग्राम:पेट्रोल 95.19 रूपिया प्रति लीटर आ डीजल 88.05 रूपिया प्रति लीटर

बेंगलुरु:पेट्रोल 102.86 रूपिया प्रति लीटर आ डीजल 88.94 रूपिया प्रति लीटर

चंडीगढ़:पेट्रोल 94.24 रूपिया प्रति लीटर आ डीजल 82.40 रूपिया प्रति लीटर

हैदराबाद:पेट्रोल 107.41 रूपिया प्रति लीटर आ डीजल 95.65 रूपिया प्रति लीटर

जयपुर: पेट्रोल 104.88 रूपिया प्रति लीटर आ डीजल 90.36 रूपिया प्रति लीटर

जयपुर: पेट्रोल 104.88 रूपिया प्रति लीटर आ डीजल 90.36 रूपिया प्रति लीटर

पटना: पेट्रोल 105.18 रूपिया प्रति लीटर आ डीजल 92.04 रूपिया प्रति लीटर

लखनऊ: पेट्रोल 94.65 रूपिया प्रति लीटर आ डीजल 87.76 रूपिया प्रति लीटर

गोवा: पेट्रोल 96.45 रूपिया प्रति लीटर आ डीजल 88.22 रूपिया प्रति लीटर

870080cookie-checkPetrol-Diesel Price Today: पेट्रोल-डीजल के नया दाम भइल अपडेट, फटाफट चेक करीं आज कतना रूपिया लीटर बेचाता फ्यूल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.