लिंक एक्सप्रेस-वे: औद्योगिक गलियारन में पेप्सिको कंपनी लगाई बॉटलिंग प्लांट, 1071 करोड़ रुपिया के होई निवेश

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 20, 2022

गोरखपुर में अब सुपर मेगा इनवेस्टमेंट होखे जा रहल बा। गोरखपुर लिंक एक्सप्रेस-वे के औद्योगिक गलियारन में पेप्सिको बॉटलिंग प्लांट लगावे जा रहल बिया। गोरखपुर औद्योगिक विकास प्राधिकरण (गीडा) एकरा खातिर 45 एकड़ जमीन आवंटित

Share

गोरखपुर में अब सुपर मेगा इनवेस्टमेंट होखे जा रहल बा। गोरखपुर लिंक एक्सप्रेस-वे के औद्योगिक गलियारन में पेप्सिको बॉटलिंग प्लांट लगावे जा रहल बिया। गोरखपुर औद्योगिक विकास प्राधिकरण (गीडा) एकरा खातिर 45 एकड़ जमीन आवंटित क देले बा। 1071 करोड़ रुपिया के निवेश से लागे जा रहल एह प्लांट से करीब 1500 लोगन के रोजगार मिली।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के पहल प परिवहन के बेहतर माध्यम बनला के संगही गोरखपुर लिंक एक्सप्रेस-वे उद्योगन खातिर बेहतर प्लेटफार्म बने जा रहल बा। लिंक एक्सप्रेस-वे के निचिका औद्योगिक गलियारन खातिर गीडा के तरफ से अधिग्रहित जमीन प मल्टीनेशनल कंपनी पेप्सिको कंपनी के ओर से सुपर मेगा इनवेस्टमेंट के शुरुआत हो गइल बा। पेप्सिको कंपनी के दूसरका सबसे बड़ बॉटलिंग यूनिट मेसर्स वरुण बेवरेजेस के 45 एकड भूमि प्लांट लगावे खातिर आवंटित क दिहल गइल बा।

1071.28 करोड़ रुपिया के होई निवेश

मेसर्स वरुण बेवरेजेस इहां 1071.28 करोड़ रुपिया के निवेश करी। कंपनी के ओर से जल्दिये यूनिट लगावे के  निर्माण शुरू क दिहल जाई। एह सुपर मेगा इनवेस्टमेंट से प्रत्यक्ष आ परोक्ष रूप से करीब 1500 लोगन के रोजगार प्राप्त होई।

गीडा पहिला चरण में आवंटित कइलस 45 एकड़ जमीन

पेप्सिको के बॉटलिंग यूनिट मेसर्स वरुण बेवरेजेस के ओर से गोरखपुर लिंक एक्सप्रेस-वे के लगे औद्योगिक गलियारन खातिर गीडा के अधिसूचित क्षेत्र ग्राम नरकटहा में 60 एकड़ जमीन के मांग यूनिट लगावे खातिर कइल गइल रहे। एह यूनिट में कंपनी कार्बोनेटेड सॉफ्ट ड्रिंक्स, बेवरेज बेस्ड सिरप, पैकेज्ड ड्रिंकिंग वाटर, जूस ड्रिंक्स, मिल्क बेस्ड ड्रिंक्स, वैल्यू एडेड डेयरी प्रोडक्ट्स के उत्पादन करी। ओहिजा, गीडा के तरफ से पहिला चरण में कंपनी के 45 एकड भूमि के आवंटन पत्र अगिला सात दिन में जारी क दिहल जाई।

गीडा के सीईओ पवन अग्रवाल कहले कि पेप्सिको कंपनी औद्योगिक गलियारन में बॉटलिंग प्लांट लगावे जा रहल बिया।  कंपनी करीब 1071 करोड़ रुपिया निवेश कर रहल बिया। एसे 1500 लोगन के रोजगार मिली।

गीडा में अरबन के निवेश, 30 हजार से जादे रोजगार

योगी आदित्यनाथ के मुख्यमंत्री बनला के बाद गीडा उद्यमियन खातिर निवेेश के पसंदीदा स्थान बन रहल बा। इहां अरबन  के निवेश होखे जा रहल बा, जेसे 30 हजार से बेसी रोजगार मिले के संभावना बा।
औद्योगिक विकास के माध्यम से रोजगार सृजन खातिर गीडा में प्लास्टिक पार्क आ फ्लैटेड फैक्ट्री स्थापित करे के मंजूरी पहिलही मिल चुकल बा। एह दुनो के मूर्त रूप में आवे के संगही दस हजार लोगन के रोजगार मिली। इहे ना, योगी सरकार के तीसरा ग्राउंड ब्रेकिंग सेरेमनी (जीबीसी) में गीडा के करीब 2000 करोड़ रुपिया के निवेश प्रस्ताव मिलल।

कइयन गो उद्यमियन द्वारा फैक्ट्रियन के निर्माण शुरूओ करा दिहल गइल बा। एसे चार हजार से बेसी लोगन के रोजगार मिली। ओहिजा, केयान इंडस्ट्रीज, सीपी मिल्क, तत्वा प्लास्टिक, क्वार्टरज ओपेलवेयर, आदित्य मोटर्स, बुद्धा ट्रस्ट के ओर से करीब 1000 करोड़ से अधिका के निवेश कइल जा रहल बा। एकरा लगला प 26 हजार से अधिका लोगन के रोजगार मिली।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.