[the_ad_group id="30365"]

मायावती पऽ टिप्पणी कऽ के बुरा फंसले KRK, कई धारा में मुकदमा दर्ज; छोट भाइयो के ‘नइया डुबवऽले’- मिलल ई सजा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चुनाव में माजिद अली के करारी हार के सामना करे के पड़ल रहे। चुनाव नतीजन के ठीक एक दिन बाद पांच जून के केआरके पs बसपा सुप्रीमो मायावती के खिलाफ एक्स पs आपत्तिजनक टिप्पणी करे के आरोप बा। एही पोस्ट के बाद पार्टी माजिद अलीयो के बाहर के रास्ता देखा देलस। केआरके पs कई धारा में मुकदमा दर्ज कइल गइल बा।

बसपा प्रमुख मायावती पs टिप्पणी करे पs अभिनेता कमाल खान उर्फ केआरके के खिलाफ मुकदमा दर्ज कइल गइल बा। लोकसभा चुनाव में जनपद सहारनपुर से बहुजन समाज पार्टी के टिकट पs चुनाव लड़े वाला देवबंद क्षेत्र के गांव फुलास अकबरपुर निवासी माजिद अली अभिनेता कमाल खान (केआरके) के छोट भाई हउअन।

माजिद अली बसपा से बाहर

चुनाव में माजिद अली के करारी हार के सामना करे पड़ल रहे। चुनाव नतीजन के ठीक एक दिन बाद पांच जून के केआरके पs बसपा सुप्रीमो मायावती के खिलाफ एक्स पs आपत्तिजनक टिप्पणी करे के आरोप बा। एही पोस्ट के बाद पार्टी माजिद अली के बाहर के रास्ता देखा देलस।

एह मामले में गांव इंद्रपुर निवासी बसपा के पूर्व देवबंद विधानसभा क्षेत्र अध्यक्ष सुशील कुमार देवबंद पुलिस के अभिनेता केआरके के खिलाफ तहरीर देले बाड़े। उऽ एह मामले में एसएसपी सहारनपुर के लिखित शिकायत कइले। जवना में कहल गइल बा कि इंटरनेट मीडिया पs केआरके के ओर से कइल गइल टिप्पणी से बहुजन समाज के भावना आहत भइल बा आ समाज खुद के अपमानित महसूस कर रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]