Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पश्चिम बंगाल लोकसभा चुनाव: बारासात आ मथुरापुर के एक-एक बूथ पs आज फेर से वोटिंग, एह वजह से लिहल गइल फैसला

208
Google Ads 300*250 for posts

 

आजु फेरू पश्चिम बंगाल के बरसत आ मथुरापुर लोकसभा सीट पs एक-एक बूथ पs मतदान हो रहल बा. चुनाव आयोग सोमार के दिने एहिजा फेर से मतदान के आदेश दिहले रहुवे. एक जून के एह केन्द्रन पs मतदान भइल रहे बाकिर गड़बड़ी के शिकायत के बाद फेर से मतदान हो रहल बा.  मतदान आजु सबेरे सात बजे से साँझ छह बजे ले चली.

एही आधार पs फैसला लिहल गइल

बरसात के देगंगा विधानसभा केन्द्र आ मथुरापुर के काकद्वीप विधानसभा केन्द्र में स्थित बूथ पs फेरू मतदान हो रहल बा. आयोग के कहनाम बा कि ए बूथ पs फेर से मतदान करे के फैसला संबंधित जिला निर्वाचन अधिकारी/प्रत्यागमन अधिकारी के रिपोर्ट के आधार पs भईल बा। एह दुनु जगहा गड़बड़ी के शिकायत मिलल.

 

 

 

852970cookie-checkपश्चिम बंगाल लोकसभा चुनाव: बारासात आ मथुरापुर के एक-एक बूथ पs आज फेर से वोटिंग, एह वजह से लिहल गइल फैसला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.