[the_ad_group id="30365"]

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के कोलकाता में मेगा रोड शो, बड़ संख्या में जुटल भीड़

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कोलकाता में मेगा रोड शो कईले। पीएम मोदी के देखे खातिर भारी संख्या में लोग मौजूद रहे। कोलकाता में रोड शो से पहिले प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी श्री श्री सारदा मेयर बारी मंदिर में जाके प्रार्थना कईले।

पीएम मोदी विपक्ष पs हमला कईले

पीएम मोदी उत्तर 24-परगना में कोलकाता से बारासात ले रोड शो करवले। इहाँ एगो रैली के संबोधित करत पीएम मोदी कहले कि, “देश में संविधान… तानाशाही… तानाशाही… तानाशाही के चिल्लाहट वाला लोग के समूह, इहाँ बंगाल में आके देखीं कि इहाँ का होखता। राउर बोलती बंद हो जाई.

पीएम मोदी टीएमसी के निशाना बनवले

बारासात में एगो रैली के संबोधित करत प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी मंगल के दिने पश्चिम बंगाल के तृणमूल कांग्रेस सरकार पs आरोप लगवले कि ऊ तुष्टीकरण के राजनीति करत बिया आ ‘वोट जिहाद’ के बढ़ावा देबे खातिर दोसरा पिछड़ा वर्ग (ओबीसी) के नवहियन के अधिकार छीनले बिया. पीएम मोदी पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी के आलोचना करत कहलन कि बिना उनुकर नाम लिहले कलकत्ता हाईकोर्ट के जज लोग पss सवाल उठवले आ सोचले कि का तृणमूल कांग्रेस अब प्रतिकूल फैसला के बाद जज लोग के पीछे आपन ‘गुंडा’ छोड़ दी.

उs कहले कि, तृणमूल बंगाल में ओबीसी के संगे जवन धोखा कईले रहले, ओकरा के कोर्ट उजागर कs देले बिया। कलकत्ता हाईकोर्ट के कहल बा कि 77 गो मुस्लिम जाति के ओबीसी घोषित कइल गैरकानूनी आ असंवैधानिक बा. माने तृणमूल वोट जिहाद के मदद खातिर रातों रात लाखों ओबीसी नवहियन के अधिकार लूट लिहलस. तृणमूल राज्य के ओबीसी समुदाय के धोखा देले बाड़े।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]