[the_ad_group id="30365"]

पीएम मोदी आज लाल किला पs फहरइहें तिरंगा, 6000 खास मेहमान होंइहें मौजूद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

भारत 15 अगस्त 2024 के आपन 78वां स्वतंत्रता दिवस मना रहल बा। भारत के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आजु ऐतिहासिक लाल किला से राष्ट्रीय झंडा फहरावत राष्ट्र के संबोधित करीहें. बता दीं कि एह साल स्वतंत्रता दिवस के थीम ‘विकसित भारत@2047’ के रूप में राखल गइल बा. केंद्र सरकार एह साल लाल किला में होखे वाला उत्सव के साक्षी बने खातिर छह हजार विशेष मेहमानन के बोलवले बिया. आई जानीं कि ई खास मेहमान के हवें।

ईहां देखी के-के होंई मेहमान

*लाल किला पs स्वतंत्रता दिवस समारोह कार्यक्रम में अटल इनोवेशन मिशन आ पीएम एसएचआरआई (राइजिंग इंडिया खातीर प्रधान मंत्री स्कूल) योजना से लाभान्वित छात्र, आ ‘मेरी माटी मेरा देश’ के तहत मेरा युवा भारत (एमवाई भारत) आ राष्ट्रीय सेवा योजना के स्वयंसेवक भाग लिहें। मेहमानन में राष्ट्रीय अनुसूचित जनजाति वित्त आ विकास निगम के वित्त पोषित आदिवासी कारीगर/वन धन विकास के सदस्य आ आदिवासी उद्यमी भी शामिल बाड़े। एह सब के अलावा प्रधानमंत्री किसान सम्मान निधि, प्रधानमंत्री फसल बीमा योजना के लाभार्थी आ किसान उत्पादक संगठनन के प्रतिनिधि भी लाल किला में मौजूद रहीहें।

*मान्यता प्राप्त सामाजिक स्वास्थ्य कार्यकर्ता (आशा), सहायक नर्स दाई (एएनएम) आ आंगनबाड़ी कार्यकर्ता, लाल किला में निर्वाचित महिला प्रतिनिधि, संकल्प के लाभार्थी : महिला सशक्तिकरण केंद्र, लखपति दीदी, ड्रोन दीदी पहल, सखी केंद्र योजना, बाल कल्याण समिति आ जिला कार्यकर्ता के बाल संरक्षण इकाई के भी एह समारोह के साक्षी होई।

*हालही में समाप्त भइल पेरिस ओलंपिक में भाग लेबे वाला भारतीय के भी एह समारोह में भाग लेबे के नेवता दिहल गइल बा. आकांक्षी प्रखंड कार्यक्रम के हर प्रखंड के मेहमान, सीमा सड़क संगठन के कार्यकर्ता, प्रेरणा स्कूल कार्यक्रम के छात्र, आ प्राथमिकता क्षेत्र के योजना में संतृप्ति हासिल करे वाला ग्राम पंचायतन के सरपंच भी एह कार्यक्रम में शामिल होखीहें.

*एह भव्य समारोह के साक्षी बने खातिर अलग-अलग राज्य/केंद्रशासित प्रदेश से लगभग 2,000 लोग के भी, पारंपरिक परिधान में सजल, बोलावल गईल बा। रक्षा मंत्रालय के ओर से MyGov अवुरी ऑल इंडिया रेडियो के सहयोग से आयोजित अलग-अलग ऑनलाइन प्रतियोगिता के तीन हजार (3,000) विजेता भी एs समारोह के हिस्सा होईहे।

स्वतंत्रता दिवस समारोह के कार्यक्रम 

भारत के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी बियफ़ें के सबेरे 7.30 बजे लाल किला पs तिरंगा फहरइहें। एकरा बाद पीएम मोदी सबेरे 7.33 पs राष्ट्र के संबोधित करीहें.

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]