Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Sushil Kumar Modi Death News: सुशील मोदी के निधन से शोक के लहर, आज भोरे पार्थिव शरीर राजेन्द्र नगर पहुंच जाई

130
Google Ads 300*250 for posts

सुशील कुमार मोदी के मौत के खबर : भाजपा बिहार के दिग्गज नेता आ पूर्व उप सीएम सुशील कुमार मोदी के पार्थिव शरीर आज के सबेरे राजेंद्र नगर में उनका आवास प पहुंच जाई। उनकर निधन के खबर के बाद शोक के लहर बा। कई गो नेता कार्यकर्ता उनका के श्रद्धांजलि दे रहल बाड़े।

पटना : बिहार के उपमुख्यमंत्री रहल आ भारतीय जनता पार्टी के नेता सुशील मोदी के सोमार के दिने दिल्ली के एम्स अस्पताल में निधन हो गइल । मंगलवार के सबेरे एगो विशेष विमान से पटना के राजेन्द्र नगर में उनकर बॉडी आवास प पहुंची। पिछला महीना ही उ राजनीति से संन्यास लेवे के घोषणा कइले रहले। उ कहले रहले कि हम प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के सब कुछ बता देले बानी; अबकी बेर लोकसभा चुनाव में हम कुछ ना कर पइब ।

कैंसर से पीड़ित सुशील कुमार मोदी बहुत दिन से बीमार रहलन। 72 साल के भाजपा नेता पछिला 6 महीना से बीमार रहलने आ एकरा चलते उ लोकसभा चुनाव में पार्टी खातीर प्रचार तक ना करत रहलन। 3 अप्रैल के उ कैंसर से पीड़ित होखे के सूचना देले रहलन। सुशील मोदी हाल ही में सोशल मीडिया प एगो मैसेज के माध्यम से बतवले रहलन कि ‘हम पछिला 6 महीना से कैंसर से लड़त बानी, बाकी अब समय आ गइल बा कि हम एकरा बारे में लोग के जानकारी दिही।’ लोकसभा चुनाव में हम कुछ ना कर पइब आ ई सब हम पीएम मोदी के बतवले बानी । हमेशा आभारी आ हमेशा देश, बिहार आ पार्टी के प्रति समर्पित।

पीएम मोदी सुशील मोदी के निधन पर शोक जतावत श्रद्धांजलि जतावत पीएम मोदी लिखले कि

 सुशील मोदी जी के असामयिक निधन से उनका बहुते दुख बा, जे 1990 में हमार दोस्त आ बहुमूल्य सहयोगी रहलें दशकन से पार्टी के सेवा कइले बानी । भाजपा के उदय आ बिहार में मिलल सफलता के पीछे उनकर अमूल्य योगदान रहे। इमरजेंसी के विरोध करत उ छात्र राजनीति से आपन पहचान बनवले रहले आ दोस्ताना, मेहनती विधायक के रूप में जानल जात रहले। शोक के एह घड़ी में उहाँ के परिवार आ समर्थकन के संगे हमार संवेदना बा। ओम शांति ।

 

भाजपा, जदयू आ राजद भी श्रद्धांजलि अर्पित कइलस 

जे पी. नड्डा एक्स प लिखले कि, ‘भारतीय जनता पार्टी के वरिष्ठ नेता आ बिहार के पूर्व उपमुख्यमंत्री श्री सुशील मोदी जी के निधन के खबर बेहद दुखद बा। विद्यार्थी परिषद से लेके अब तक हमनी के बहुत दिन से संगठन खातिर मिलजुल के काम कइले बानी स। सुशील मोदी जी के पूरा जीवन बिहार के समर्पित रहे।” बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहले कि सुशील कुमार मोदी जेपी आंदोलन के सच्चा सिपाही रहले आ उ हमनी के संगे बहुत दिन तक डिप्टी सीएम के रूप में काम कइले। उनका से हमार निजी संबंध रहे आ उनका निधन से दुखी बानी। एकरा संगे राजद के राष्ट्रीय अध्यक्ष लालू प्रसाद, पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी आ विपक्ष के नेता तेजस्वी प्रसाद यादव समेत राजद परिवार भी 1974 के आंदोलन के छात्र नेता सह पूर्व उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी के निधन प गहरा संवेदना जतवले बाड़े।

825590cookie-checkSushil Kumar Modi Death News: सुशील मोदी के निधन से शोक के लहर, आज भोरे पार्थिव शरीर राजेन्द्र नगर पहुंच जाई

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.