Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

879
  1. बिहार: उपेंद्र कुशवाहा के बगावती तेवर, उनकर पार्टी अभियो जिंदा बिया; उनकर पार्टी RLSP के चुनाव चिन्ह आजो सुरक्षित; 2022 में करवले रहस रिटर्न फाइल। अभी JDU संसदीय दल के बाड़े अध्यक्ष।
  2. बिहार: CM नीतीश देलें उपेंद्र के नसीहत: कहलें- जेतना जल्दी जाये के होखे, चल जास, जब मवका मिलेला, ऊ चल जालें।
  3. उत्तर प्रदेश: लखनऊ हादसा के CM योगी 7 दिन में रिपोर्ट मंगलें, SP MLA शाहिज मंजूर के बेटा सहित 3 पs FIR।
  4. उत्तर प्रदेश: संगीत सोम के कोर्ट से बड़ राहत, 15 साल पुरान ममिला में दोषमुक्त करार, शिवसेना नेता करवले रहस केस।
  5. झारखंड: रांची के सिलगाई हिंसा में 44 लोगन के कोर्ट बरी कइलस। एह ममिला में 4 प्राथमिकी भइल रहे दर्ज।
  6. फ्लाइट टिकट रिफंड के नया नियम: टिकट डाउनग्रेड भा कैंसिल करे, बोर्डिंग से इनकार पs 75% तक पईसा वापस होई।
  7. पंजाब पुलिस हेडक्वार्टर पs ग्रेनेड अटैक करे वाला शख्स गिरफ्तार: NIA कइलस गिरफ्तार, पाकिस्तानी आतंकी के खास बा आरोपी।
  8. BBC डॉक्यूमेंट्री स्क्रीनिंग पs जामिया से 7 हिरासत में: JNU में पथराव भइल; बैन के सपोर्ट करे वाला एंटनी के बेटा कांग्रेस छोड़लें।
  9. ICC मेंस टी-20 प्लेयर ऑफ ईयर बनलें सूर्यकुमार: एह अवार्ड के जीते वाला ऊ पहिला भारतीय बल्लेबाज। साल 2022 में 31 मैच में 187.43 के स्ट्राइक रेट से 1164 रन बनवले रहस, 2 गो शतक रहे सामिल।
  10. विमेंस IPL टीमन के नीलामी: 5 टीमन के बिक्री 4670 करोड़ में भइल; दिल्ली, मुंबई, अहमदाबाद, बेंगलुरु आ लखनऊ के टीम खेलिहें सs।
445160cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.