[the_ad_group id="30365"]

समाजवादी पार्टी के ई तीन विधायकन पऽ मेहरबान भइल केंद्र, बढ़वलस सुरक्षा, कमांडो रहिहें साथे 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

UP News लोकसभा चुनाव से पहिले समाजवादी पार्टीयन के नेता पऽ केंद्र मेहबान बा। राज्यसभा चुनाव में भाजपा के पक्ष में वोट डाले वाला अयोध्या के गोसाईगंज सीट से सपा विधायक अभय सिंह के अलावा तीन गो आउर विधायक लो के केंद्रीय गृह मंत्रालय सुरक्षा प्रदान कइले बिया। एमें रायबरेली के ऊंचाहार सीट से सपा विधायक मनोज पांडेयो शामिल बाड़े। मनोज पांडेय के वाई-प्लस श्रेणी के सुरक्षा दिहल गइल बा।

अभय सिंह के काल मिलल सुरक्षा

राज्यसभा चुनाव में भाजपा के पक्ष में वोट डालने वाला अयोध्या के गोसाईगंज सीट से सपा विधायक अभय सिंह के केंद्रीय गृह मंत्रालय वाई श्रेणी के सुरक्षा प्रदान कइले बिया। अभय सिंह के सुरक्षा में सीआरपीएफ के कमांडो तैनात रहिहें।

तैनात रहिहें CRPF कमांडो

विधायक के आवास पऽ सीआरपीएफ के पांच कमांडो मुस्तैद रहिहें, जबकि एगो कमांडो उनका साथे चली । गैंगस्टर लॉरेंस बिश्नोई गिरोह से खतरा के चलते विधायक के सुरक्षा प्रदान कइल गइल बा। ए सुरक्षा से कई गो अनुमानो लगावल जा रहल बा। मानल जा रहल बा कि सपा के बगावती नेता लो के केंद्र के ओर से तोहफा मिल रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]