Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Gorakhpur News: महाकाल ग्रुप फेर सक्रिय, किशोर के पेड़ से बांधके पीटलस

137
Google Ads 300*250 for posts

 

युवा आ किशोर मनबढ़ फेरू से गुंडागर्दी करे आ लोग में डर पैदा करे खातिर अपराध करे लागल बाड़े. एही तरह के एगो समूह महाकाल समूह के नेता लोग चौरीचौरा इलाका में एगो किशोर के पेड़ से बान्ह के पीट दिहलस। किशोर के पिता के शिकायत पs पुलिस मामिला के छानबीन करतिया।

जानकारी के मुताबिक इलाका के ग्राम पंचायत शिवपुर के अतरिया टोला निवासी पटेश्वर निषाद पुलिस के शिकायत देके बतवले कि 28 अप्रैल के दुपहरिया तीन बजे के करीब उनुकर बेटा नीरज अपना बहिन के डिग्री में पढ़त ले आवे वाला रहले चौरोचौरा में स्थित कॉलेज रहे।

एs दौरान उनुका गांव के कुछ युवक अपना बाकी साथी के संगे उहाँ पहुंचले। जबरन बेटा के बाइक पs बईठा के सुनसान जगह पs ले गईले, पड़े से बांध के पीट-पीट कईले। जब एगो महिला एकरा के देखली तs उs सोर मचवलस। जब नजदीक के लोग पहुंचले त मनबाद भाग गईले। किशोर के पिता पांच नाम अवुरी दस अनजान लोग के खिलाफ शिकायत दर्ज करवले बाड़े। पुलिस मामिला के छानबीन में जुटल बिया.

 

 

812270cookie-checkGorakhpur News: महाकाल ग्रुप फेर सक्रिय, किशोर के पेड़ से बांधके पीटलस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.