[the_ad_group id="30365"]

आगरा में अतिक्रमण हटावे गइल पुलिस टीम पs हमला, पत्थरबाजी में कई घायल, पुलिस कइलस लाठीचार्ज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

सरकारी जमीन से अतिक्रमण हटावे गईल पुलिस अवुरी प्रशासन के टीम पs बदमाश हमला क देले। ए घटना में बहुत लोग घाही हो गईले। पुलिस के बदमाश के काबू में राखे खातीर लाठीचार्ज के सहारा भी लेवे के पड़ल। घटना के बाद पूरा इलाका में तनाव बा अवुरी पुलिस डेरा डालत बिया। घटना न्यू आगरा इलाका के दयालबाग सत्संग पीठ के ह, जहां सत्संगी सरकारी जमीन पs कब्जा क लेले बाड़े अवुरी आज से पहिले भी अतिक्रमण विरोधी कार्रवाई भईल रहे अवुरी आज भी पुलिस अतिक्रमण पs कार्रवाई करे गईल रहे, लेकिन जसही पुलिस आ प्रशासन जब सत्संगी पहुंचल तs पुलिस टीम पs पथराव करे लगले। ए दौरान बहुत अधिकारी घायल भईले अवुरी कुछ पत्रकार के भी चोट पहुंचल।

स्पेशल डीजी कहले – स्थिति नियंत्रण में बा

एह घटना के बाद स्पेशल डीजी लॉ एंड ऑर्डर प्रशांत कुमार आगरा के हालात काबू में होखे के बात कहले बाड़े। मउका पs बहुत वरिष्ठ अधिकारी मौजूद बाड़े अवुरी जनता से मिलत-बतियावत बाड़े। पूरा इलाका में पुलिस बल के तैनाती कईल गईल बा। उ बतवले कि पुलिस टीम पs बदमाश पथराव कईले। हमला के बाद हल्का बल के इस्तेमाल भईल अवुरी कवनो फायरिंग ना भईल।

अखिलेश यादव कसले तंज

बता दीं कि सपा प्रमुख अखिलेश यादव ए घटना पs ट्वीट क लिखले कि, राधास्वामी संप्रदाय के अनुयायी अपना अध्यात्म, प्रेम, करुणा अवुरी सत्संग खातीर पूरा दुनिया में अनुकरणीय बाड़े। दयालबाग हमेशा से आस्था, सौहार्द, सेवा अवुरी शिक्षा के प्रतीक रहल बा, अब दयालबाग के जमीन पs शासक अवुरी पुलिस प्रशासन एकजुट होके भाजपा के जमीन माफी देवेवाला के स्वार्थी हित के सेवा में जुट गईल बा। ई महान भारतीय परंपरा ससत्संग पs घातक हमला ह। जवना के वफादार आ शांतिप्रिय राधास्वामी मतावलंबी पुरज़ोर विरोध कs रहल बाड़े। समाजवादी पार्टी एह अन्याय के विरोध में राधास्वामी सत्संग के साथे खड़ा बा आ दयालबाग के बचावे के अभियान में हर तरह से समर्थन कs रहल बा। भाजपा के धार्मिक विरोधी बुलडोजर जनता बर्दाश्त ना करी।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]