[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: गीता दैनंदिनी डायरी के पहिला खेप के रूप में 20 हजार प्रति छपल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। गीता प्रेस में वर्ष 2025 खातिर नया डायरी गीता दैनंदिनी के करीब 20 हजार प्रति पहिला खेप के रूप में छप गइल बा। एकर चार सौ प्रति नेपाल भेजल गइल बा। एकरा अलावे आउर सेंटरन पs एकरा के भेजल गइल बा। निवार से 60 हजार प्रति के आउर छपाई सुरू कs दिहल गइल बा। गीता प्रेस दु लाख से जादे गीता दैनंदिनी के प्रकाशन के लक्ष्य रखले बा, जवना से ग्राहकन के मांग के पूरा कइल जा सके।

गीता दैनंदिनी डायरी में अबकी बेर गीता प्रेस तनिका परिवर्तन कइले बा। एमे कवर के बाद आगे आ पीछे एगो रंगीन पेज जोड़ल गइल बा। आगे गीता प्रेस के मुख्य द्वार के फोटो लगावल गइल बा। पीछे भगवान कृष्ण के ओर से अर्जुन के उपदेश देत चित्र बा। एकरा संगही अगिला बरिस कल्याण पत्रिका में छपे वाला पर्यावरण विशेषांक के उल्लेख कs के लोगन के पर्यावरण के प्रति जागरूक कइल गइल बा। हाले में चित्रमय प्रकाशित गीता प्रबोधनी टीका के संगे चित्रमय दुर्गा सप्तशती, रामचरितमानस आ शिवपुराण के जिकिर एह डायरी में कइल गइल बा।

गीता प्रेस के प्रबंधक लालमणि तिवारी बतवलें कुछ बदलाव के संगे गीता दैनंदिनी के बीस हजार प्रति छाप दिहल गइल बा। दु लाख से जादे डायरी छापे के लक्ष्य बा, जवना से ग्राहकन के मांग के पूरा कइल जा सके।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]