[the_ad_group id="30365"]

“गोरख से गांधी तक” जाई अबकी बेर के बुद्ध से कबीर तक यात्रा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पिछिला 6 साल से पूर्वांचल में आयोजित होखे वाली बुद्ध से कबीर तक यात्रा अबकी साल 28 नवंबर से सुरू हो रहल बा, भारत के साझी विरासत के संजोवे आ शान्ति, सद्भावना के प्रसार खातिर पांच दिनन के ई यात्रा एह साल गोरखपुर, महाराजगंज आ कुशीनगर जनपद के अलग-अलग क्षेत्रन में निकालल जाई। एकरा तहत पदयात्रा, सांस्कृतिक कार्यक्रमन आ उद्बोधनन के माध्यम से समाज के बीच देस के एकता आ संवैधानिक राष्ट्रवाद के प्रति जागरूकता के अपील कइल जाई।

होटल क्लार्क में आयोजित प्रेस कांफ्रेंस में बुद्ध से कबीर तक संस्था के संरक्षक डॉ. विनोद मल्ल, पूर्व डीजीपी गुजरात बतवलें कि एह यात्रा के उद्देश्य जनता आ खास कs के विद्यार्थियन के बीच भारत के साझी संस्कृति आ संवैधानिक राष्ट्रवाद के अवधारणा के सही तरीका से पहुंचावल बा, अबकी बेर के एह यात्रा के थीम “गोरख से गांधी तक” रखल गइल बा, जवना के अंतर्गत गुरु गोरक्षनाथ आ महात्मा गांधी के शिक्षा आ विचारन से समाज के जोड़े के प्रयास कइल जाई। पूर्वांचल के वैश्विक पहचान के रूप में बुद्ध, गोरखनाथ आ कबीर जानल जाला लो। ओह लोगन के विरासत के आगे बढावे आ ओकरा के नवका पीढ़ी से अवगत करावे खातिर ई यात्रा आयोजित कइल जा रहल बा।

यात्रा के बारे में विस्तृत जानकारी देत यात्रा प्रभारी शैलेन्द्र कबीर बतवलें कि 28 तारीख के सुरू होखे वाली एह यात्रा के पहोला कार्यक्रम महाराजगंज में पदयात्रा के संगे सेंट जोसेफ स्कूल में होई। जहां से यात्रा चौक इस्थित महंत अवैद्यनाथ डिग्री कॉलेज में जाई। दूसरका दिन 29 नवंबर के पिपराइच के कोआपरेटिव इंटर कॉलेज में कार्यक्रम के बाद गोरखपुर इस्थित मुंशी प्रेमचंद पार्क में प्रेमचंद साहित्य संस्थान के सहजोग से कार्य्रक्रम के आयोजन कइल जाई। 30 नवंबर, तीसरका दिन के कार्यक्रम उरुवा के रामरेखा सिंह इंटर कॉलेज में होई, जहां कस्बा में पदयात्रा निकालल जाई आ चौपाल के आयोजन कइल जाई। एक दिसंबर के कार्य्रकम कुशीनगर जनपद में कप्तानगंज के सच्चिदानंद इंटर कॉलेज आ ढाड़ा के संत पुष्पा इंटर कॉलेज में कइल जाई। पांचवां दिन, 26 नवंबर के परतावल बाजार में विशाल पदयात्रा आ फेर पंचायत इंटर कॉलेज में कार्यक्रम आ छात्रन के करियर काउंसलिंग के संगे सांझ के पीपीगंज कस्बा में पदयात्रा आ चौपाल के संगे यात्रा के ई संस्करण संपन्न होई।

संस्था के समन्वयक देवयानी बतवली की पूरा साल देस के अलग-अलग स्थानन पs अलग-अलग रूप में आयोजित होखे वाली ई यात्रा लोगन के बीच एगो अलग मुकाम हासिल कइले बिया। मुख्यतः विद्यार्थियन के बीच आयोजित कइल जाए वाला एह कार्यक्रमन के उद्देश्य देस के भावी पीढ़ी के अपना महान संस्कृति से परिचित करावल आ देस के अखंडता आ एकता के मजबूत बना के रखे के एह प्रयास में ओह लोगन के भागीदारी सुनिश्चित कइल बा।

एह मवका पर बुद्ध से कबीर तक संस्था के श्रीमती अनुराधा मल्ल, पूर्व आईएएस गुजरात, मनोज कुमार सिंह, आदित्य राजन, दीपक पांडेय, अजीत सिंह, ऋषभ आदि मवजूद रहे लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]