छपरा : शहर के पश्चिमी क्षेत्र में आज दु घंटा बिजली गुल : पावर सप्लाई मेंटेनेंस के लेके ब्रह्मपुर फीडर में होई काम

khabar Bhojpuri Desk

छपरा शहर के पश्चिमी क्षेत्र में आज दूसरका दिन दु घंटा के पावर कट कइल जाये के बा। सबेरे 10 से दुपहरिया 12 बजे तक पावर कट कइल जाई। ब्रह्मपुर फीडर में मरम्मती के काम कइल जा रहल बा। एकरा कारण सबेरे से दुपहरिया तक आपूर्ति बाधित रही।

बिजली विभाग के ओर से एकरा पहिले बिजली संबंधित काम के निपटा लेवे के सलाह दिहल गइल बा। बता दीं कि गरमी के पहले मरम्मत के काम कइल जात बा। जवना से गरमी में उपभोक्तन के परेसानी के सामना ना करे के पड़े।

Share This Article
खबर भोजपुरी के आधिकारिक समाचार अपडेट प्रोफ़ाइल पs रउआ सभे के स्वागत बा।