UPSC Annual Calendar 2025: संघ लोक सेवा आयोग आपन अलग-अलग भर्ती परीक्षा खातिर जारी वार्षिक कैलेंडर में एक बेर फेर से बदलाव कइले बा। आधिकारिक वेबसाइट upsc.gov.in. पs संशोधित यूपीएससी वार्षिक कैलेंडर 2025 जारी कs दिहल गइल बस। ई दूसरा बेर हs जब यूपीएससी वार्षिक कैलेंडर 2025 के संशोधित कइल गइल बा। एकरा पहिले अगस्त में संशोधित कइल गइल रहे।
UPSC NDA, NA 2025: एनडीए, एनए खातिर महत्वपूर्ण तिथि
संशोधित कैलेंडर के अनुसार, एनडीए आ एनए परीक्षा (I), 2025 आउर सीडीएस परीक्षा (I), 2025, के अधिसूचना 11 दिसंबर, 2024 के जारी कइल जाई। दुनो परीक्षा खातिर आवेदन करे के अंतिम तिथि 31 दिसंबर, 2024 बा। दुनो परीक्षा 13 अप्रैल, 2025 के आयोजित कइल जाई।
एनडीए आ एनए परीक्षा (II), 2025 आउर सीडीएस परीक्षा (II), 2025 के अधिसूचना 28 मई के जारी कइल जाई आ पंजीकरण प्रक्रिया 17 जून, 2025 के समाप्त होई। लिखित परीक्षा 14 सितंबर, 2025 के आयोजित कइल जाई।
UPSC CSE 2025: सिविल सेवा परीक्षा के तिथि
सिविल सेवा (प्रारंभिक) परीक्षा, 2025 आ भारतीय वन सेवा (प्रारंभिक) परीक्षा, 2025 खातिर सीएस(पी) परीक्षा 2025 के माध्यम से पंजीकरण प्रक्रिया 22 जनवरी, 2025 के सुरू होई आ 11 फरवरी, 2025 के बंद होई। परीक्षा 25 मई, 2025 के आयोजित कइल जाई।
सिविल सेवा (मुख्य) परीक्षा 2025 22 अगस्त, 2025 के आयोजित कइल जाई। भारतीय वन सेवा (मुख्य) परीक्षा 2025 16 नवंबर, 2025 के आयोजित कइल जाई।
आईईएस/आईएसएस परीक्षा 2025 खातिर पंजीकरण प्रक्रिया 12 फरवरी, 2025 से सुरू होई आ आवेदन करे के अंतिम तिथि 4 मार्च, 2025 तक बा। परीक्षा 20 जून, 2025 के आयोजित कइल जाई।
संयुक्त चिकित्सा सेवा परीक्षा
संयुक्त चिकित्सा सेवा परीक्षा, 2025 के अधिसूचना 19 फरवरी के जारी होई आ आवेदन करे के अंतिम तिथि 11 मार्च, 2025 बा। लिखित परीक्षा 20 जुलाई, 2025 के आयोजित कइल जाई।
संयुक्त भू-वैज्ञानिक परीक्षा
कैलेंडर में संयुक्त भू-वैज्ञानिक (प्रारंभिक) परीक्षा, 2025 आ मुख्य परीक्षा के तिथि दे दिहल गइल बा। प्रारंभिक परीक्षा 9 फरवरी, 2025 के होई आ मुख्य परीक्षा 21 जून, 2025 के आयोजित कइल जाई। जादे संबंधित जानकारी खातिर उम्मीदवार यूपीएससी के आधिकारिक वेबसाइट देख सकत बा लो।