Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

छपरा से चले वाली कइयन ट्रेनन के कइल गइल रद्द: कुहासा आ खराब मौसम के लेकर विभाग जारी कइलस शेड्यूल,1 मार्च तक यातायात प्रभावित

821

पूर्वोत्तर रेलवे से चले वाली कइयन ट्रेनन के संचालन रेलवे विभाग रद्द कs देले बा। आवे वाला महीना में बढ़े वाला कुहासा आ खराब मौसम के देखत रेलवे विभाग के ओर से निर्णय लेत गाड़ियों के संचालन के रद्द कइल गइल बा। जेमे छपरा से चले वाली कइयन गो ट्रेन प्रभावित रही। रेलवे 2 दिसंबर से 29 फरवरी 2024 तक ट्रेनन के संचालन के प्रभावित कइले बा। 1 मार्च 2024 से सब ट्रेन अपना नीयत समय आ मार्ग से संचालित होखे लागी।

एह ट्रेनन के कइल गइल रद्द 

  • छपरा से हर दिन चले वाली 15159 छपरा-दुर्ग सारनाथ एक्सप्रेस गाड़ी 02,04,06,09,11,13, 16, 18, 20, 23, 25, 27 एवं 30 दिसम्बर, 2023,  01,03,06,08,10,13,15,17,20,22,24,27,29 आ 31 जनवरी, 2024 आउर 03, 05, 07, 10, 12, 14, 17,19, 21,24, 26 आ 28 फरवरी, 2024 हर सोमार, बुध आ सनीचर के हफ्ता में तीन दिन निरस्त रही।
  • दुर्ग से हरदिन चले वाली 15160 दुर्ग – छपरा सारनाथ एक्सप्रेस गाड़ी 03, 05, 07, 10, 12, 14, 17, 19, 21, 24, 26, 28 आ 31 दिसम्बर, 2023, 02, 04, 07, 09, 11, 14, 16, 18, 21, 23, 25, 28 आउर 30 जनवरी, 2024 आ 01, 04 ,06, 08, 11, 13, 15, 18, 20,22, 25,27, 29 फरवरी, 2024 दिन हर मंगलर, बियफे आ अतवार के हफ्ता में तीन दिन निरस्त रही।
  • पाटलिपुत्र से चले वाली 15079 पाटलिपुत्र -गोरखपुर एक्सप्रेस गाड़ी 01,03,04,06,08,10,11,13,15,17,18,20,22,24,25,27,29 आ 31 दिसम्बर, 2023, 01,03, 05, 07,08,10, 12,14, 15,17 ,19, 21,22, 24,26, 28, 29 आउर 31 जनवरी, 2024 आ 02, 04, 05, 07, 09, 11, 12, 14, 16, 18, 19, 21, 23, 25, 26 से 28 फरवरी, 2024 तक हर सोमार, बुध, सुक आ अतवार के हफ्ता में चार दिन निरस्त रही।
  • गोरखपुर से चले वाली 15080 गोरखपुर-पाटलिपुत्र एक्सप्रेस गाड़ी 01, 03, 04, 06, 08, 10, 11, 13, 15, 17, 18, 20, 22, 24, 25, 27, 29, आ 31 दिसम्बर, 2023, 01, 03, 05, 07, 08, 10, 12, 14, 15, 17, 19, 21, 22, 24, 26, 28,29 आ 31 जनवरी, 2024 आ 02, 04, 05, 07, 09, 11, 12, 14, 16, 18, 19, 21, 23, 25, 26 से 28 फरवरी, 2024 तक हर सोमार, बुध, सुक आ अतवार के हफ्ता में चार दिन निरस्त रही।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.