Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सदर अस्पताल से मेडिकल चेकअप के दौरान शराब तस्कर फरार: सीवान में थाना अध्यक्ष बोललें- लापरवाही बरते वालन पs होई कार्रवाई

374

सीवान कोर्ट में पेशी खातिर ले जाये के दौरान सदर अस्पताल परिसर से एगो शराब तस्कर हथकड़ी छुड़ा के फरार हो गइल। जवना के लकड़ी नबीगंज थाना के पुलिस शराब ममिला में फरार चल रहल एगो वारंटी के बुध के रात 8 बजे गिरफ्तार कइले रहे। तस्कर जुवक के पहचान मदारपुर निवासी गणपत राय के बेटा कृष्णा कुमार राय के रूप में भइल बा।

कृष्णा के विरुद्ध शराब के तस्करी के लेके ममिला दर्ज बा। पुलिस ओकरा के पकड़े खातिर लगातार छापेमारी करत रहे। जवना के बुध के सांझ पुलिस के गुप्त सूचना लागल की कृष्णा अपना घरही पs बा। कृष्णा के ऊपर कोर्ट के द्वारा गिरफ्तारी के वारंटो जारी कइल गइल रहे। थाना के पुलिस मदारपुर में ओकरा के घर से गिरफ्तार कs लेलस।

मेडिकल करावे ले जाइल गइल रहे अस्पताल

बियफे के लकड़ी नवीगंज थाना के तीन गो होमगार्ड जवान ओकरा के कोर्ट में पेशी खातिर लेके जात रहे लो। पेशी के पहिले तस्कर के मेडिकल चेकअप करावे खातिर ओकरा के सीवान सदर अस्पताल में ले जाइल गइल। अस्पताल परिसर में ओकरा के जइसही मुख्य गेट से अंदर काउंटर पs रसीद कटावे खातिर ले जाइल गइल। मवका पाके तस्कर पुलिसकर्मियन से हाथ छुड़ा लेलस आ हथकड़ी खोलके फरार हो गइल।

का कहत बाड़ें थाना अध्यक्ष

थाना अध्यक्ष अजीत कुमार कहलें की कोरोना जांच खातिर तस्कर के सदर अस्पताल में ले जाइल जात रहे। एही दौरान ऊ बलपूर्वक होमगार्ड के जवान से हथकड़ी छुड़ा के फरार हो गइल बा। पुलिस के गठित टीम ओकरा के पकड़े खातिर लगातार छापेमारी कs रहल बिया। जल्दिये ओकरा के पकड़ लिहल जाई। ओहिजा होमगार्ड के जवानन के लापरवाही के बात कहत कहलें की लापरवाही बरते वाला जवानन के ऊपर कर्रवाई कइल जाई।

साभार: दैनिक भास्कर

645170cookie-checkसदर अस्पताल से मेडिकल चेकअप के दौरान शराब तस्कर फरार: सीवान में थाना अध्यक्ष बोललें- लापरवाही बरते वालन पs होई कार्रवाई

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.