दरभंगा AIIMS के काम केंद्र रोकववलस: तेजस्वी के दावा- सरकार अस्पताल खुलवावे के ना, रुकवावे के काम कइलस; JDU सधलस निशाना

Anurag Ranjan

बिहार में दरभंगा AIIMS के लेके सियासी घमासान मच गइल बा। प्रधानमंत्री मोदी सनीचर के अपना भाषण में कहलें कि केंद्र सरकार दरभंगा में AIIMS खोलववले बिया। पीएम मोदी के एह बयान पs डिप्टी सीएम तेजस्वी यादव निशाना सधले बाड़ें। ऊ कहलें कि प्रधानमंत्री झूठ बोल रहल बाड़ें।

तेजस्वी कहलें- हम पीएम से अपील करत बानी कि पहिले एकरा बारे में जानकारी लीं आ फेर बोलीं। अमित शाहो झूठ बोलले रहस कि पूर्णिया में एयरपोर्ट चालू करवा देनी। दूसरका झूठ पीएम बोल रहल बाड़ें।

एने, जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष ललन सिंह ट्वीट कs के केंद्र सरकार के जुमलेबाज बतवलें बाड़ें। ऊ कहलें कि केंद्र सरकार AIIMS के निर्माण के लटकावे के काम कर रहल बिया आ प्रधानमंत्री कहत बाड़ें कि दरभंगा में AIIMS के निर्माण हो गइल।

पीएम के झूठ बोलना शोभा नइखे देत 

तेजस्वी कहलें नरेंद्र मोदी देस के प्रधानमंत्री हवे आ उनका झूठ बोलल शोभा ना देला। दरभंगा में कवनो AIIMS नइखे खोलल गइल। सीएम नीतीश कुमार दरभंगा में AIIMS के लेके 151 एकड़ भूमि नि:शुल्क देले रहस, बाकिर भाजपा के राजनीतिक दबाव से ई स्वीकृत ना भइल। ऊ खुलवावे के ना, बलुक रुकवावे के काम कइले बिया। मिट्टी भराई के काम सुरू कs दिहल गइल रहे, बाकिर एकरा के रद्द करवा दिहल गइल।

तेजस्वी यादव कहलें कि पीएम झूठ बोल रहल बाड़ें।

देस के स्वास्थ्य मंत्री के हमनी के लिखनी सs पत्र

तेजस्वी पत्र देखावत कहलें कि 22 जून 2023 के भारत सरकार के स्वास्थ्य मंत्री डॉ. मनसुख मांडविया के पत्र लिख के जानकारी दिहल गइल रहे। ई पत्र हम सार्वजनिक करेम। एतना बड़ा झूठ पीएम बोलत बाड़ें तs ई साफ बा कि उनका सच्चाई से वास्ता नइखे।

स्वास्थ्य मंत्री से पीएम के सही जानकारी लेवे के चाहीं। लोगन के भ्रमित करे के काम कइल जा रहल बा। केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्री से इहो पूछल जाये के चाहीं कि बिहार सरकार जमीन देलस की ना। हम पीएम के भाषण सुन के आश्चर्यचकित बानी। बीजेपी झूठा पार्टी बिया, नफरत के राजनीति करेले। दरभंगा मेडिकल कॉलेज के राज्य सरकार अपना खरचा से फेर से बनवा रहल बिया।

I.N.D.I.A के सरकार बनला पs देश भर में जाति गणना करावल जाई

मणिपुर के मसला पs तेजस्वी कहलें कि पीएम आज तक मणिपुर काहे ना गइलें? राहुल गांधी उहां गइलें, विपक्ष के टीम उहां गइल, बाकिर पीएम ना गइलें। उहां के हालात बिगड़त जा रहल बा। वीडियो वायरल भइल तs मणिपुर के सीएम कहलें अइसन घटना होत रहेला।

जातीय गणना के सवाल पs ऊ कहलें कि बीजेपी के लोग नइखे चाहते कि जातीय सर्वे होखे। देस में जातीय गणना होखे के चाहीं। I.N.D.I.A के बेंगलुरु में भइल बैठक में एकरा से संबंधित लिखित प्रस्तावो पास कइल गइल बा।

जे विरोध करी ओकरा के परेसान कइल जाई

तेजस्वी कहलें कि बिहार के टारगेट कइल जाई। हर तरह से संवैधानिक जांच एजेंसियन के दुरुपयोग बिहार में ई लोग करी। हमनी के खिलाफ नया बात नइखे। हम तs कहनी कि हमनिएके घर में ऑफिस खोल लीं। जे विरोध में रही, ओकरा के ई लोग परेसान करी।

ललनो सिंह कसलें तंज

जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष ललन सिंह पीएम के भाषण के बाद ट्वीट कइलें बाड़ें। ऊ लिखलें- प्रधानमंत्री जी, अपना स्वास्थ्य विभाग से ठीक से जानकारी प्राप्त कs लीं। दरभंगा AIIMS खातिर राज्य सरकार जमीन देलस आ मिट्टी भराई के खातिर अलग से 250 करोड़ रुपिया स्वीकृतो कइल गइल, बाकिर और जमीन पs राउर केंद्र सरकार AIIMS बनावे के तइयार नइखे। एकर मकसद बिहार में AIIMS निर्माण कार्य के लटकावल बा। रउआ कह रहल बानी कि AIIMS खुल गइल।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।