[the_ad_group id="30365"]

Bihar Hooch Tragedy: मोतिहारी में जहरीली शराब के कहर, अब तक 17 लोग तुड़लस दम; चार दर्जन से बेसी गंभीर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मोतिहारी में जहरीली शराब के कहर जारी ना। संदिग्ध परिस्थितियन में मरे वालन के संख्या 17 हो गइल बा। चार दर्जन लोग गंभीर रूप से बेमार बा। सभे के जहरीली शराब पियला के आशंका बा। घटना के गंभीरता से लेते जिलाधिकारी सौरभ जोरवाल ने जांच के आदेस देलें बा। सदर आ अरेराज के अनुमंडल पदाधिकारी के संबंधित गांवन में जाके जांच रिपोर्ट देवे के कहल गइल बा।

स्वास्थ्य विभाग के टीम के संबंधित गांवन में भेजल गइल बा। उत्पाद अधीक्षक के नेतृत्व में शराब पिये के ममिला के जांच खातिर टीम बनावल गइल बा। पिछला चौबीस घंटन के दौरान भइल मौत के आंकड़न पs गौर कइल जाव तs जिला के तुरकौलिया में चार, सुगौली में पांच, पहाड़पुर में दु आ हरसिद्धि में तीन लोगन के जान संदिग्ध परिस्थितियन में गइल बा।

सुक से मौत के सिलसिला जारी

बतावल गइल बा कि सुक के सांझे के अचानक से पहिला घटना तुरकौलिया थानाक्षेत्र के लक्ष्मीपुर में भइल। इहां के बैरिया बाजार इस्थित एगो निजी अस्पताल में रामेश्वर राम उर्फ जटा राम के मौत हो गइल। ओहिजा, एही गांव के ध्रुव पासवान मोतिहारी के निजी अस्पताल में दम तुड़ देलें, जबकि अशोक पासवान आ छोटू पासवान मुजफ्फरपुर इस्थित मेडिकल कालेज अस्पताल में दम तुड़ देलें।

जिला के कइयन इलाकन में जहरीली शराब के कहर

पहाड़पुर थाना क्षेत्र के मुशहर टोली में गुटन मांझी आ टुनटुन सिंह के मौत भइल बा। सुगौली थाना क्षेत्र के गीधा में सुदीश राम, इन्द्राशन महतो, चुलाही पासवान, कौवाहा के गोविंद ठाकुर के मौत छतौनी के निजी अस्पताल में हो गइल। ओहिजा, एही थाना क्षेत्र के बड़ेया में गणेश राम के मौत हो गइल। हरसिद्धि थाना क्षेत्र के धवई मुशहर टोली में तीन लोगन के मौत के सूचना बा।

अलग-अलग अस्पतालन में बेमार लोग भर्ती

तुरकौलिया के लक्ष्मीपुर के बेमार संजय साह, कपिलदेव साह, बिनोद पासवान, अनिल पासवान, प्रमोद प्रसाद, प्रमोद पासवान, अजय राम, संजय राम, कैलाश पासवान, रवीन्द्र राम, उमेश राम, कमलेश पासवान आ दिनेश पासवान के इलाज अलग-अलग निजी अस्पतालन में चल रहल बा। एही तरे सुगौली, पहाड़पुर आ हरसिद्धि के बेमार लोगन के चिकित्सा मोतिहारी के निजी अस्पतालन के अलावे पड़ोसी जिला बेतिया के निजी अस्पतालन में चल रहल बा।

जिला प्रशासन आ पुलिस के टीम बेमार लोगन के बारे पता लगावल जा रहल बा। उत्पाद अधीक्षक अमितेश कुमार बतवलें कि पोस्टमार्टम रिपोर्ट नइखे मिलल। रिपोर्ट के बाद मौत के कारणन के पता चल पाई। जिला में शराब के सूचना पs छापेमारी चल रहल बा।

डीएम प्रभावित इलाकन में भेजलें मेडिकल टीम

मोतिहारी (पूर्वी चंपारण) के जिलाधिकारी सौरभ जायसवाल बतवलें कि लोगन के मौत के सूचना मिलल बा। जहरीली शराब पिये के बात कहल जा रहल बा। बेमार लोगन के इलाज खातिर मेडिकल टीम संबंधित गांवन में भेजल गइल बा। उत्पाद अधीक्षक के नेतृत्व में शराब के बिंदु पs जांच खातिर टीम बनावल गइल बा।  सदर आ अरेराज अनुमंडल पदाधिकारी के संबंधित इलाकन में जाके तत्काल जांच रिपोर्ट देवे के कहल गइल बा।

साभार: दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]