Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बंगाल में हनुमान जयंती पs केंद्रीय बलन के तीन कंपनियन के होई तैनाती, HC के निरदेस के बाद ममता सरकार के फैसला

अब हाई कोर्ट के निरदेस पs राज्य में कोलकाता, हुगली आ बैरकपुर में तीन कंपनी केंद्रीय बल के तैनाती होई। खंडपीठ हनुमान जयंती के जिकिर करत कहलस कि अतीत के घटनन से सबक लेवे के चाहीं। 

252

रामनवमी के शोभायात्रन के लेके बंगाल के हावड़ा, हुगली आ आउर जगहन पs भइल हिंसा के लेके कलकत्ता हाई कोर्ट बुध के तीख टिप्पणी कइलस। राज्य सरकार के नसीहत देत कार्यवाहक मुख्य न्यायाधीश टीएस शिवगणनम के खंडपीठ कहले बा कि राज्य पुलिस जदि हालात के संभारे में विफल हो रहल बिया, तs केंद्रीय बलन के मदद लिहल जाये के चाहीं।

हाई कोर्ट नेता प्रतिपक्ष सुवेंदु अधिकारी के ओर से हुगली जिला के रिसड़ा में भइल हिंसा पs दायर जनहित याचिका पs सुनवाई करत रहे। बता दीं कि मुख्यमंत्री ममता बनर्जी पिछला दिनन हनुमान जयंती पs राज्य में हिंसा के आशंका व्यक्त कइले रहली।

बंगाल में हनुमान जयंती पs तीन कंपनी केंद्रीय बल के होई तैनाती

ओहिजा, अब हाई कोर्ट के निरदेस पs राज्य में कोलकाता, हुगली आ बैरकपुर में तीन कंपनी केंद्रीय बल के तैनाती होई। खंडपीठ हनुमान जयंती के जिकिर करत कहलस कि अतीत के घटनन से सबक लेवे के चाहीं। बेमारी के लेके पहिले से बचाव बहुते जरूरी बा। न्यायाधीश कहलें कि ऊ आठ-नौ साल पहिले गणेश चतुर्थी के शोभायात्रा पs एही तरे से हिंसा के लेके सुनवाई कइले रहस। तब ऊ ठोस निरदेस देले रहस आ  तब से गणेश चतुर्थी पs शांति बरकरार बा।

ऊ कहलें कि हनुमान जयंती पs कवनो हिंसा ना होखे, एकरा खातिर लोगन के मन में भरोसा बहाल कइला के जरूरत बा। एकरा खातिर रूट मार्च तय होखे के चाहीं। मुंबई के उदाहरण देत ऊ कहलें कि गणेश चतुर्थी के समय पुलिस बैरिकेड कs के शोभायात्रा करवावे ले। कवनो हंगामा ना होला।

हनुमान जयंती के लेके कवनो बयानबाजी ना होखे 

एकरा अलावे न्यायाधीश कहलें कि जहां धारा 144 लागल बा, उहां से शोभायात्रा ना निकालल जाव। कवनो राजनीतिक नेता कहियो हनुमान जयंती के लेके कवनो बयान ना दी लो। महाधिवक्ता एसएन मुखर्जी अदालत के बतवलें कि राज्य में हनुमान जयंती रैलियन के आयोजित करे खातिर पुलिस के लगभग 2,000 आवेदन मिलल बा।

एने, राज्य सरकार संवेदनशील इलाकन में धारा 144 लागू करे के संगे रैलियन में 100 से जादे लोगन के सामिल ना होखे के निरदेस देले बिया। एने गृह मंत्रालय के तरफो से हनुमान जयंती पs शांति बहाली खातिर राज्यन के ठोस तइयारी करे के निरदेस दिहल गइल बा।

हिंसा प्रभावित इलाकन में अभियो निषेधाज्ञा लागू

ओहिजा, दूसरका ओर हुगली जिला के रिसड़ा में हिंसा प्रभावित इलाकन में अभियो निषेधाज्ञा लागू बा। ज्यादातर दुकान बंद बा। इंटरनेट सेवो बंद बा। बंगाल के बुद्धिजीवी हिंसा पs चिंता व्यक्त कइले बा लो। एकरा अलावे हावड़ा में शोभायात्रा में तमंचा लेके सामिल होखे के ममिला में पुलिस आर्यन गुप्ता नाम के एगो आउर जुवक के गिरफ्तार कइले बिया। एह ममिला में पुलिस काल्ह मुंगेर से सुमित साव नाम के जुवक के गिरफ्तार कइले रहे।

500 जगहन पs पूजा-अर्चना करी विश्व हिंदू परिषद

बता दीं कि हनुमान जयंती पs विश्व हिंदू परिषद प्रदेश में करीब 500 जगहन पs पूजा-अर्चना करे जा रहल बिया। इहां दिन भर हनुमान चालीसा पाठ करहूं के योजना बा। दूसरा ओर बंगाल के महिला आ शिशु कल्याण मंत्री शशि पांजा हनुमान जयंती के लेके लोगन के सतर्क करते कहलें बाड़ें कि भाजपा एहु में अशांति फइला सकत बा।

हिंसा से डेराइल न्यायाधीशो मंगले बाड़ें सुरक्षा

न्यायमूर्ति शिवगणनम एगो महत्वपूर्ण ममिला के खुलासा करत कहलें कि दक्षिण 24 परगना जिला के डायमंडहार्बर के एगो न्यायाधीश हाई कोर्ट के रजिस्ट्रार जनरल के पत्र लिखके सुरक्षा मंगलें बाड़ें। न्यायाधीश के परिवार हुगली जिला के श्रीरामपुर में रहेला। ऊ खुदे थाना आ पुलिस के उच्च पदस्थ अधिकारियन से मदद मंगलें बाड़ें बाकिर आरोप बा कि उनका कवनो मदद नइखे मिलल।

503570cookie-checkबंगाल में हनुमान जयंती पs केंद्रीय बलन के तीन कंपनियन के होई तैनाती, HC के निरदेस के बाद ममता सरकार के फैसला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.