Terror Attack in Baramulla: चुनाव से पहिले बड़ कामयाबी, बारामूला में तीन दहशतगर्द ढेर; ऑपरेशन जारी

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 14, 2024

जम्मू-कश्मीर के बारामूला में सुरक्षाबलन आ आतंकियन के बीच चल रहले मुठभेड़ में तीन आतंकियन के मारल जाये के सूचना मिलल बा। मिलल जानकारी के अनुसार सर्च ऑपरेशन अभियो जारी बा। सुक के देर रात

Share

जम्मू-कश्मीर के बारामूला में सुरक्षाबलन आ आतंकियन के बीच चल रहले मुठभेड़ में तीन आतंकियन के मारल जाये के सूचना मिलल बा। मिलल जानकारी के अनुसार सर्च ऑपरेशन अभियो जारी बा। सुक के देर रात उत्तरी कश्मीर जिला के पट्टन इलाला के चक टपर में घेराबंदी आ तलाशी अभियान सुरू कइल गइल रहे।

इलाका में ऑपरेशन जारी

जम्मू-कश्मीर पुलिस के अनुसार आतंकियन के ओर से सुरक्षाबलन खातिर तलाशी दल पs गोलीबारी कइला के बाद अभियान मुठभेड़ में बदल गइल, जवना के बाद सुरक्षाबल जवाबी कार्रवाई कइल, जेमे तीन आतंकी मारल गइल लो। आतंकी के पहचान आ ओकर समूह के पता लगावल जा रहल बा, फिलहाल इलाका में ऑपरेशन जारी बा।

किश्तवाड़ में दु जवान बलिदान

बीतल सुक के  किश्तवाड़ में आतंकियन आ सुरक्षाबलन में मुठभेड़ भइल रहे। जेमे सेना के दु जवान बलिदान हो गइल रहे। किश्तवाड़ में जवना जगह पs हमला भइल, उहां से 20 किमी दूर प्रधानमंत्री मोदी जनसभा के संबोधित करे वाला बाड़ें। पीएम के जनसभा के कुछ घंटा पहिले भइल हमला के बाद सुरक्षा एजेंसी अलर्ट पs बाड़ी सs।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.