Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Gorakhpur News: फरार एंबुलेंस-मरीज माफिया पs इनाम घोषित करे के तइयारी, चारगो के बा तलाश जारी

सीसीटीवी कैमरा अउर अन्य स्रोतन के मदद से पुलिस  आरोपियन के पहचान कs लेले बा, बाकिर अबेले आरोपी पकड़ में ना आइल बा। एसपी नार्थ मनोज कुमार अवस्थी  बतवलें कि आरोपियन के तलाश में पुलिस टीम लगल बा। फरार आरोपियन पs इनाम घोषित कइल जाई।

426

 

गोरखपुर जिला में मेडिकल कॉलेज गेट पs पुलिस पs हमला करे वाला आरोपियन के तलाश में पुलिस दबिश दे रहल बा। बाकिर पांच दिन के बादो चार में से एको आरोपीयन के पुलिस पकड़ ना पवलस। पुलिस अब फरार आरोपियन पs इनाम घोषित करे के तइयारी कइले बा।

जानकारी के मुताबिक, कार्रवाई से नाराज प्राइवेट एंबुलेंस-मरीज माफिया 11 जुलाई के रात में पुलिसकर्मियन पs हमला कs देले रहे। एह दउरान पुलिस पs गाड़ी चढ़ावे के कोशिश के साथे ही मारपीट भइल रहे । पुलिस चार आरोपियन के मौके पs पकड़ लेले रहे, बकिर चार आरोप फरार हो गइल रहे।

सीसीटीवी कैमरा अउर अन्य स्रोतन के मदद से पुलिस  आरोपियों के पहचान कs लेले बा, बाकिर अभियो आरोपी पकड़ में ना अपवलस एसपी नार्थ मनोज कुमार अवस्थी बतवालें कि आरोपियों के तलाश में पुलिस टीम लागल बा। फरार आरोपियन पs इनाम घोषित कइल जाई।

मौके से गिरफ्तार आरोपियन के पहचान चिलुआताल के फत्तेपुर निवासी रिजवान, मुहम्मद अकशिम आ रियासुद्दीन अउर  मिर्जापुर एफसीआई रोड निवासी औरंगजेब के रूप में भइल। बकिर एकर साथे आसिफ अली उर्फ गोलू निवासी फतेपुर थाना चिलुआताल आ तीन अज्ञात मौके से फरार होखे में कामयाब हो गइल रहे ।

602250cookie-checkGorakhpur News: फरार एंबुलेंस-मरीज माफिया पs इनाम घोषित करे के तइयारी, चारगो के बा तलाश जारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.