[the_ad_group id="30365"]

Seema Haider News: यूपी ATS के हिरासत में सीमा हैदर, पूछताछ में पाकिस्तानी सेना के कनेक्शन आइल सामने

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

यूपी एटीएस सीमा हैदर से पूछताछ : फिलहाल पाकिस्तानी महिला सीमा हैदर अवुरी सचिन के प्रेम कहानी देश में चर्चा के विषय बनल बा। एही बीच सीमा हैदर पs भी पाकिस्तानी जासूस होखे के आरोप लगावल जाता। एकरा संगे यूपी एटीएस के टीम पाकिस्तानी निवासी सीमा हैदर के हिरासत में लेले बिया अवुरी एटीएस सीमा हैदर से गुप्त जगह पs पूछताछ शुरू क देले बिया। सीमा हैदर शुरू से ही एटीएस के राडार पs रहली, उ अपना प्रेमी सचिन से मिले खातीर नेपाल के रास्ता से भारत आईल रहली।अब एटीएस टीम व्हाट्सएप चैट अवुरी सभ सबूत के आधार पs आगे के पूछताछ करी।

एकरा संगे सीमा के आईडी कार्ड हाई कमीशन के भेजल गईल बा अवुरी पता चलल बा कि सीमा के चाचा पाकिस्तानी सेना में सूबेदार अवुरी सीमा के भाई पाकिस्तानी जवान हवे। भारत के सुरक्षा एजेंसी अब सीमा पs पूछताछ करी। प्रेम कहानी से लेके भारत आवे ले के हर पहलू पs पूछताछ कईल जाता। यूपी के एगो वरिष्ठ पुलिस अधिकारी बतवले कि सीमा पाकिस्तानी नागरिक हई अवुरी उनुका आवे में बहुत समस्या बा। अयीसना में उनुका से पूछताछ कईल जरूरी बा, एहसे देश के सुरक्षा से जुड़ल अयीसन सभ एजेंसी उनुका से पूछताछ करीहे।

सीमा अवुरी सचिन मीणा 2019 में पबजी खेलत घरी एक दूसरा के संपर्क में आईल रहले अवुरी ओकरा बाद दुनो के प्रेम कहानी शुरू भईल। एकरा बाद 13 मई 2023 के सीमा हैदर नेपाल होत बस में चढ़ के भारत अइली। उत्तर प्रदेश पुलिस के मुताबिक सीमा अवुरी सचिन ग्रेटर नोएडा के रबूपुरा इलाका में रहेले, जहां सचिन किराना के दोकान चलावेले। एकरा संगे पुलिस सीमा के 4 जुलाई के अपना चार बच्चा के संगे बिना वीजा के नेपाल के रास्ता से अवैध तरीका से भारत में प्रवेश करे के आरोप में गिरफ्तार क लेलस। एकरा संगे सचिन के अवैध शरणार्थी के आश्रय देवे के आरोप में जेल भेज दिहल गईल। हालांकि दुनु जने के बाद में रिहा कs दिहल गइल आ अब फेर यूपी एटीएस सीमा से पूछताछ खातिर हिरासत में ले लिहले बा

साभार- abplive

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]