Janta Darbar: सीएम योगी सुनलें फरियाद, बोललें- जन समस्या के समाधान में ना होई कोताही

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 18, 2023

गोरखनाथ मंदिर परिसर के महंत दिग्विजयनाथ स्मृति भवन के बाहर मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सोमार के सबेरे जनता दर्शन में करीब 400 लोगन से मुलाकात कइलें आ उनकर समस्या सुनलें। मुख्यमंत्री एक-एक कs के सबके लगे

Share

गोरखनाथ मंदिर परिसर के महंत दिग्विजयनाथ स्मृति भवन के बाहर मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सोमार के सबेरे जनता दर्शन में करीब 400 लोगन से मुलाकात कइलें आ उनकर समस्या सुनलें। मुख्यमंत्री एक-एक कs के सबके लगे खुद गइलें आ उनकर बात सुनलें।

तीन दिन के दौरा पs गोरखपुर आइल मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जनता दर्शन में आइल लोगन से मुलाकात कइलें। इत्मीनान से ओह लोगन के समस्या सुनलें आ ओकर गुणवत्तापूर्ण, पारदर्शी निस्तारण खातिर अधिकारियन के निरदेसित कइलें।

ऊ अधिकारियन से कहलें कि हर पीड़ित के संगे संवेदनशील रवैया अपनावल जाई आ ओकर समस्या के समाधान कसे के ओकरा के संतुष्ट कइल जाई। एमे कवनो तरे के कोताही ना होखे के चाही

गोरखनाथ मंदिर परिसर के महंत दिग्विजयनाथ स्मृति भवन के बाहर मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सोमार के सबेरे जनता दर्शन में करीब 400 लोगन से मुलाकात कइलें आ ओह लोगन के समस्या सुनलें। मुख्यमंत्री एक-एक कs के सबका लगे खुद गइलें आ ओह लोगन के बात सुनलें। सब लोगन के आश्वस्त कइलें कि केहूओ के चिंतित होखे के आवश्यकता नइखे। हर समस्या के समाधान करावल जाई। ऊ प्रार्थना पत्रन के विषयानुसार प्रशासन आ पुलिस के अफसरन के हस्तगत करत जरूरी निरदेस देलें।

जनता दर्शन में कइयन लोग गंभीर बेमारियन के इलाज में आर्थिक सहायता के गुहार लगावे आइल रहे लो। ऊ मवका पs उपस्थित अधिकारियन के निरदेसित कइलें कि इलाज संबंधी इस्टीमेट के प्रक्रिया पूरा करत जल्दी सन के उपलब्ध करावल जाई। हर जरूरतमंद के इलाज खातिर भरपूर सहायता राशि उपलब्ध करावल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.