‘कइयन गो राजनीतिक दल बनल चाहत बाड़ी सs NDA के हिस्सा’, महाराष्ट्र में सियासी उलटफेर के बीच अनुराग ठाकुर के संकेत
केन्द्रीय मंत्री अनुराग ठाकुर महाराष्ट्र के राजनीति में अजित पवार के जुडे के मुद्दा पs प्रतिक्रिया देत कहलें कि कइयन गो राजनीतिक दल एनडीए से जुडल चाहत बाड़ी सs। ताकि ऊ देस के विकास कs सके। ऊ कहलें कि महाराष्ट्र में एनसीपी के ओर से पहल कइल गइल बा जवना के बाद महाराष्ट्रो में अब विकास होखे में तेजी आई आ बहुत मदद मिलल।
महाराष्ट्र के शिंदे नेतृत्व वाली सरकार में एनसीपी नेता अजित पवार के जुड़ला के बाद उहां के राजनीति में हलचल मच गइल बा। एह बीच केंद्रीय मंत्री अनुराग ठाकुर आपन प्रतिक्रिया देलें। ऊ कहले कि कइयन गो राजनीतिक दल एनडीए से जुडल चाहत बा।
कइयन गो राजनीतिक दल बनल चाहत बा एनडीए के हिस्सा
केंद्रीय मंत्री अनुराग ठाकुर कहलें, “देस के विकास के खातिर कइयन गो राजनीतिक दल एनडीए में सामिल होखल चाहत बाड़ी सs आ एनसीपी एकर पहल कइले बा। हमरा विश्वास बा कि एनसीपी के महाराष्ट्र कैबिनेट में सामिल होखे से राज्य के विकास में मदद मिली। 2024 के लोकसभा चुनाव के धेयान में रखत, एनडीए में सामिल होखे वाला ई राजनीतिक दल देस के विकास खातिर केंद्र में एगो मजबूत अउर इस्थिर सरकार प्रदान करिहें सs।”
#WATCH | Union Minister Anurag Thakur, says “Several political parties want to join NDA for the development of the country and NCP has initiated this. I have faith that the NCP joining the Maharashtra cabinet will help in the development of the state. Keeping the 2024 Lok Sabha… pic.twitter.com/pjGUqh6BPk
— ANI (@ANI) July 4, 2023
अनुच्छेद 370 हटवला के बाद कम भइल पत्थरबाजी के घटना
केंद्रीय मंत्री कहलें, “75 साल बाद जम्मू-कश्मीर के ओकर अधिकार मिलल बा। अनुच्छेद 370 के हटवला से पता चलल बा कि लोगन के बीच भाईचारा बढ़ल अउर जम्मू-कश्मीर आवे वाला पर्यटकन के संख्या बढ़ल बा। आंकड़न से पता चलत बा कि जम्मू-कश्मीर में पत्थरबाजी के घटना में भारी कमी आइल बा।”
#WATCH | Union Minister Anurag Thakur, says “J&K has got its right after 75 years. The abrogation of Article 370 itself shows that brotherhood among people has increased and the number of tourists visiting J&K has also increased. Data shows that stone pelting incidents have also… pic.twitter.com/mPwrwGfSw1
— ANI (@ANI) July 4, 2023
ऊ आगे कहलें, “केहू नइखे चाहत बा कि एह में बदलाव होखे। अगर कोर्ट में ममिला विचाराधीन बा त हम एतने कहेम कि दुनु सदन एह के पास कइले बा अउर धारा 370 आ 35A के हमेशा खातिर हटावल गइल बा।”
Comments are closed.