Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

झारखंड सचिवालय 2025 पदन खातिर आवेदन के प्रक्रिया सुरू, जानीं कब तक बा आवेदन के अंतिम तिथि, केतना मिली वेतन 

JSSC CGL 2023 खातिर जनरल, ओबीसी, बीसी वर्ग के उम्मीदवारन से 100 रुपिया आ झारखंड राज्य के अनुसूचित जाति आ जनजाति वर्ग के उम्मीदवारन से 50 रुपिया आवेदन शुल्क लिहल जाई। 

496
Google Ads 300*250 for posts

Jharkhand Sachivalaya Vacancy 2023: झारखंड में सरकारी नौकरी के इंतजार में बइठल अभ्यर्थियन खातिर बढ़िया खबर बा। JSSC के ओर से झारखंड सचिवालय वैकेंसी 2023 जारी कs दिहल गइल बा। एकरा तहत झारखंड सचिवालय के अलग-अलग 2025 पदन पs नियुक्ति होखे के बा। ऊ सब उम्मीदवार जे अवदेन कइल चाहत बा 20 जून से ऑनलाइन मध्यम से JSSC के आधिकारिक वेबसाइट पs जाके आवेदन कs सकत बा। आवेदन के अंतिम तिथि 19 जुलाई रखल गइल बा। ओहिजा 21 जुलाई तक परीक्षा शुल्क के भुगतान कइल जा सकी, जबकि फोटो आ हस्ताक्षर अपलोड करे के अंतिम तारीख 23 जुलाई तय कइल गइल बा। 25 से 27 जुलाई तक ऑनलाइन आवेदन पत्र में अभ्यर्थी आपन नाम, जन्मतिथि, ई-मेल आईडी आ मोबाइल नंबर छोड़के कवनो अशुद्ध जानकारी के संशोधित कs सकी लो।

जानीं आवेदन करे खातिर का बा उमिर सीमा: 

Jharkhand Sachivalaya Vacancy 2023 में खाली 21 बरिस से 35 बरिस के उम्मीदवारे आवेदन कs सकत बा लो। बाकिर अनुसूचित जाति आ जनजाति के अन्तर्गत पुरुष आ महिला के अधिकतम उमिर 40 बरिस हो सकत बा।

आवेदन करे खातिर का बा शुल्क जानीं

Jharkhand Sachivalay Recruitment 2023 में आवेदन करे खातिर उम्मीदवारन के विभाग द्वारा निर्धारित आवेदन शुल्क के सबमिट करे के होई। तबे ऊ एह भर्ती में ऑनलाइन आवेदन कs सकत बा लो। JSSC CGL 2023 खातिर जनरल, ओबीसी, बीसी वर्ग के उम्मीदवारन से 100 रुपिया आ झारखंड राज्य के अनुसूचित जाति आ जनजाति वर्ग के उम्मीदवारन से 50 रुपिया आवेदन शुल्क लिहल जाई।

अलग-अलग श्रेणियन में कुल पद एह तरे बा: 

झारखंड कर्मचारी चयन आयोग (JSSC) के झारखंड सामान्य स्नातक स्तर के संयुक्त प्रतियोगिता परीक्षा के तहत एह भर्ती अभियान के उद्देश्य 2017 पदन के भरे के बा। जबकि 8 पद बैकलॉग के हs, एह तरे कुल 2025 पदन पs नियुक्ति होखे के बा:

  • अस्सिटेंट ब्रांच ऑफिसर: 863
  • जूनियर सचिवालय सहायक: 335
  • प्रखंड आपूर्ति अधिकारी: 252
  • श्रम प्रवर्तन अधिकारी: 182
  • प्लानिंग असिस्टेंट: 5
  • प्रखंड कल्याण पदाधिकारी: 195
  • रीजनल ऑफिसर : 185
  • बैकलॉग के पद: 08

JSSC Recruitment 2023 खातिर अइसे करीं आवेदन: 

• सबसे पहिले आधिकारिक वेबसाइट jssc.nic.in पs जाई।

• एकरा बाद होमपेज पs एप्लिकेशन के लिंक पs क्लिक करीं।

• फेर JGGLCCE-2023 खातिर अप्लाई लिंक पs क्लिक करीं।

• चरण 1 पंजीकरण फॉर्म भरीं आ आगे बढ़ें परs क्लिक करीं।

• अंत में जरुरी विवरण दर्ज करीं आ सबमिट करीं।

• फॉर्म डाउनलोड करीं आ भविष्य के संदर्भ खातिर एगो प्रिंट आउट ले लीं।

जानीं कवना पद खातिर केतना बा शैक्षणिक योग्यता आ सैलरी: 

उम्मीदवारन के लगे कवनो मान्यता प्राप्त विश्वविद्यालय से स्नातक के डिग्री भा समकक्ष होखे के चाहीं।

असिस्टेंट ब्रांच ऑफिसर: एह पद पs चयनित उम्मीदवारन के पे मैट्रिक्स लेवल 7 के मोताबिक 44900 से 1 लाख 42 हजार 400 रुपिया वेतन मिली।

कनीय सचिवालय सहायक: एह पद पs चयनित उम्मीदवारन के पे मैट्रिक्स लेवल 2 के मोताबिक 19 हजार 900 से 63 हजार 200 रुपिया वेतन मिली।

प्रखंड आपूर्ति अधिकारी: एह पद पs चयनित उम्मीदवारन के पे मैट्रिक्स लेवल 6 के मोताबिक 35 हजार 400 से 1 लाख 24 हजार रुपिया वेतन मिली।

श्रम प्रवर्तन अधिकारी: एह पद पs चयनित उम्मीदवारन के पे मैट्रिक्स लेवल 6 के मोताबिक 35 हजार 400 से 1 लाख 24 हजार रुपिया वेतन मिली।

प्लानिंग असिस्टेंट: एह पद पs चयनित उम्मीदवारन के पे मैट्रिक्स लेवल 5 के मोताबिक 29 हजार 200 से 92 हजार 300 रुपिया वेतन मिली।

प्रखंड कल्याण पदाधिकारी: एह पद पs चयनित उम्मीदवारन के पे मैट्रिक्स लेवल 6 के मोताबिक 35 हजार 400 से 1 लाख 24 हजार रुपिया वेतन मिली।

अंचल निरीक्षक: एह पद पs चयनित उम्मीदवारन के पे मैट्रिक्स लेवल 6 के मोताबिक 35 हजार 400 से 1 लाख 24 हजार रुपिया वेतन मिली।

579430cookie-checkझारखंड सचिवालय 2025 पदन खातिर आवेदन के प्रक्रिया सुरू, जानीं कब तक बा आवेदन के अंतिम तिथि, केतना मिली वेतन 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.