Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

उपलब्धि: दुनिया के टॉप रेस्त्रां में मुरथल के अमरीक सुखदेव ढाबा के 23वां स्थान, जानीं कब भइल रहे सुरुआत

553
Google Ads 300*250 for posts

दुनिया के 150 सबसे प्रसिद्ध रेस्त्रां के सूची में स्थान बनवले बा। मुरथल के पराठा जंक्शन बनावे में सुखदेव ढाबा सामिल रहल बा। ढाबा खाली शाकाहारी हs, हाईवे से गुजरे वाले लोग अक्सर पराठन के स्वाद चखेला। लजीज आलू पराठा डिश के कारण दुनिया में ख्याति बनवले बा।

हरियाणा के सोनीपत के मुरथल के नाम पराठन के कारण दुनियाभर में आपन अलग पहचान बना चुकल बा। मुरथल के ढाबा एक बेर फेर सुर्खियन में बा। अबकियो बेर सुर्खियन में अइला के कारण लजीज व्यंजन हs। एगो एजेंसी के तरफ से करावल गइल सर्वे में दुनिया के टॉप 150 सबसे प्रसिद्ध रेस्त्रां के सूची में मुरथल के अमरीक सुखदेव ढाबा के 23वां स्थान मिलल बा। एकरा संगही दिल्ली-चंडीगढ़ हाईवे पs ई ढाबा सबसे जादे विजिट कइल जाये वाला स्थानो बन गइल बा।

सोनीपत के मुरथल पराठन खातिर एतना मशहूर हो जाई ई शायदे केहू सोचले होई। आज मुरथल फूड इंडस्ट्री के रूप में पहचान बना चुकल बा। मुरथल में हाईवे पs बरिस 1956 में सरदार प्रकाश सिंह “अमरीक सुखदेव” ढाबा खोलले रहस। ई सबसे पुरान ढाबन में एगो बा। पहिले ई ढाबा ट्रक चालकन के बीच प्रसिद्ध भइल रहे।

हालांकि गते-गते ई ढाबा हाईवे से गुजरे वाला यात्रियन, आसपास के गांवन में रहे वाला लोगन खास कs के नवहन के बीच लोकप्रिय होत चल गइल। विशेषकर मुरथल के ढाबन के पराठा दूर-दूर से लोगन के आकर्षित करेला। रोज खाली दिल्ली से हजारन के संख्या में लोग परिवारन के संगे इहां खाली खाना खाये खातिर पहुंचेला।

इहे ना, कइयन गो वीवीआईपी आ दूसरा प्रदेशन से आवे वाला एनआरआई मुरथल के ढाबन के स्वादिष्ट पराठन के ओर खींचल चलल आवेला। जवना के चलते देस आ दुनियाभर में मुरथल के ढाबन के पहचान मिल चुकल बा। पिछला दिनन एगो अंतरराष्ट्रीय एजेंसी टेस्ट एटलस सर्वे कs के दुनिया के टॉप 150 रेस्त्रां के सूची बनवले बा। जेमें भारत के 7 होटल आ रेस्त्रां सामिल बा।

एमे सोनीपत के मुरथल इस्थित अमरीक सुखदेव ढाबा के 23 वां स्थान मिलल बा। अमरीक सुखदेव ढाबा के संचालक सरदार अमरीक बतावत बाड़ें कि शाकाहारी आ भारतीय परंपरागत खाना के सबसे ऊपर रखला के कारने उनका ई स्थान मिलल बा।गुणवत्ता के ममिलन में कबो समझौता ना कइल गइल। भविष्य में प्रदेश आ जिला के नाम रोशन करे में कवनो कसर ना रहे दिहल जाई। मुरथल के ढाबा 24 घंटा खुलल रहेला।

578290cookie-checkउपलब्धि: दुनिया के टॉप रेस्त्रां में मुरथल के अमरीक सुखदेव ढाबा के 23वां स्थान, जानीं कब भइल रहे सुरुआत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.