छठ पूजा में अइसे बनाइ गुड़ आ चावल के लाजवाब खीर, खरना के दिन होला खास महत्व

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 6, 2024

  छठ महोत्सव के उमंग बिहार आ उत्तर प्रदेश के कई जिला में देखाई देता। प्रकृति के समर्पित एह परब के लोग बड़ा धूमधाम आ रीति रिवाज से मनावेला। छठ पूजा के समय उपवास करे

Share

Recipe

 

छठ महोत्सव के उमंग बिहार आ उत्तर प्रदेश के कई जिला में देखाई देता। प्रकृति के समर्पित एह परब के लोग बड़ा धूमधाम आ रीति रिवाज से मनावेला। छठ पूजा के समय उपवास करे वाली महिला कई कठिन नियम के पालन करेली। शुद्ध आ सात्विक खाना खइला के शुरुआत नहाय खाय से होला। खरना के दिन खास तौर पs दूध, चावल अवुरी गुड़ से खीर बनावल जाला। पहिले सूर्य भगवान आ छठी मइया के खीर चढ़ावल जाला आ ओकरा बाद परिवार के लोग के ई प्रसाद दिहल जाला। शरीर के पोषण अवुरी ऊर्जा देवे वाला इs खीर आप आसानी से बना सकतानी। आईं गुड़ आ चावल के खीर के रेसपी जानीं।

छठ पूजा के दौरान बने वाला चावल आ गुड़ के खीर 

*खीर बनावे खातिर 1 कप चावल लेवे के पड़ी। खीर खातिर लगभग 2-3 लीटर दूध के जरूरत होला। लगभग 200 ग्राम गुड़ के टुकड़ा-टुकड़ा में काट लीं। 1 चम्मच इलायची पाउडर, 10 बादाम बारीक कटल, 10 काजू बारीक कटल, 10 किशमिश 2 टुकड़ा में काटल अवुरी 1 चम्मच देसी घी।

*चावल के बढ़िया से धो के पानी में भिगो लीं। एह से खीर जल्दी पक जाई। अब दूध के उबाल आवे खातिर एगो बर्तन में राखीं। दूध उबलला पs भींजल चावल से पानी निकाल के दूध में डाल दीं। खीर के लगातार हिलावत रहऽ। खीर बनावे खातिर भारी तह वाला बर्तन के इस्तेमाल करीं, ताकि खीर नीचे से ना चिपक जाए।

*दूसरका बर्तन में थोड़ा पानी लेके गुड़ घोल लीं। जब चावल लगभग आधा पाक जाव तs खीर में गुड़ के घोल डाल के लगातार हिलावत खीर के मिला लीं। अब खीर में इलायची डाल के कम लौ पs पकावत रहीं। खीर के तब ले पकावे के पड़ेला जब ले कि गाढ़ ना हो जाव।

*जब खीर पूरा तैयार हो जाव तs ओकरा में बारीक कटल मेवा में डाल दीं। खीर के लगभग 5 मिनट अउरी पकाईं आ ओकरा बाद देसी घी डाल के गैस बंद कs दीं। अपना स्वाद के हिसाब से खीर में गुड़ डाल दीं।

*गुड़ चाउर से बनल स्वादिष्ट खीर तैयार बा। खरना के दिन प्रसाद के रूप में बना के पूरा परिवार के खियावल जाला। जाड़ा में गुड़ खीर भी बहुत फायदेमंद होला। रउरा बना के अपना परिवार के पेट भर सकेनी.

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.