ब्रेकफास्ट में एह रेसिपी के फॉलो कs बनाइ पालक के पराठा, बहुते चाव के साथे खइहें लइका

पालक पराठा

Share

 

पालक पराठा बनावे खातिर 250 ग्राम पालक के जरूरत पड़ी। सबसे पहिले पालक के बढ़िया से धो के बारीक काट लेवे के पड़ी। एकरा जगह पालक के उबाल के पालक के प्यूरी भी बना सकेनी। अब एगो बड़का कटोरी में 2 कप गेहूं के आटा ली। एगो कटोरी में कटल पालक, एक चौथाई चम्मच हल्दी पाउडर, एक चौथाई चम्मच गरम मसाला, आधा चम्मच अजवाइन, आधा चम्मच जीरा, एक इंच कसल अदरक, 2 बारीक कटल हरियर मिर्च, 2 कसाइल लहसुन के लौंग आ नमक डाल दीं .

आटा के गूंथ लीं

अब एह आटा के बढ़िया से गूंथ के पड़ी. धीरे-धीरे पानी डालत रहीं आ आटा के तब तक गूंथत रहीं जबले कि ऊ नरम ना हो जाव. आटा के गूंथत घरी एकरा में तनी घी भी डाल सकेनी ताकि आपके पालक के पराठा कुरकुरा हो जाए। जब आटा गूंथल जाला तs ओकरा के ढंक के करीब 15 मिनट ले छोड़े के पड़ेला। एह स्टेप के पालन कइला से आटा सेट हो जाई।

एह प्रक्रिया के पालन करीं

आटा से छोट-छोट गोला बनावे के पड़ेला। सब गोला के रोल आउट कs लीं। गोला के रउरा कवनो आकार में रोल कs सकेनी. ध्यान रहे कि राउर पराठा ढेर पातर ना होखे। अब कड़ाही के गरम कs के कुछ तेल के बढ़िया से पसार लीं। पराठा के कड़ाही पs रख के तब ले पकाईं जब ले कि दुनो ओर से सुनहरा ना हो जाव। अगर रउरा चाहत बानी तs तेल के जगह घी भा मक्खन के भी इस्तेमाल कs सकेनी।

राउर पालक पराठा परोसे खातिर तैयार बा। रउआ एह गरम पालक पराठा के दही, मक्खन, अचार भा चटनी के साथे परोस सकेनी। विश्वास करीं कि पालक पराठा के स्वाद लइका से लेके बड़का लोग के पसंद आई। नाश्ता में रउआ आसानी से पौष्टिक पालक पराठा के आनंद ले सकेनी।

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-