Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Fencing: भवानी देवी एशियाई चैंपियनशिप में रचली इतिहास, पदक जीते वाली पहली भारतीय तलवारबाज बनली

भवानी क्वार्टर फाइनल में गत विश्व चैंपियन जापान के मिसाकी एमुरा के 15-10 से हराके उलटफेर कइले रहली। मिसाकी के खिलाफ ई भवानी के पहिला जीत रहे।

611
Google Ads 300*250 for posts

ओलंपियन सीए भवानी देवी सोमार को चीन के वुक्सी में एशियाई तलवारबाजी चैंपियनशिप के महिला सेबर स्पर्धा के सेमीफाइनल में हार के बावजूद कांस्य पदक जीतकर इतिहास रच देली। ई एह प्रतियोगिता में भारत के पहिला पदक हs ।सेमीफाइनल में 29 साल के भवानी के उज्बेकिस्तान के जेनाब डेयिबेकोवा के खिलाफ कड़ा मुकाबला में 14-15 से हार के सामना करे के पड़ल, बाकिर ऊ एह प्रतिष्ठित प्रतियोगिता में भारत खातिर पहिला पदक सुनिश्चित कइली।

भवानी क्वार्टर फाइनल में गत विश्व चैंपियन जापान के मिसाकी एमुरा के 15-10 से हराकर उलटफेर कइले रहली। मिसाकी के खिलाफ ई भवानी के पहिला जीत रहे। एकरा पहिले ऊ जापान के एह खिलाड़ी के खिलाफ आपन सब मुकाबला गंववले रहली।मिसाकी काहिरा में भइल 2022 विश्व तलवारबाजी चैंपियनशिप में महिला लोगन के साबरे स्पर्धा में स्वर्ण पदक जीतले रहली।

प्री-क्वार्टर फाइनल में कइले रहली उलटफेर

भवानी के राउंड ऑफ 64 में बाई मिलल रहे जवना के बाद अगिला दौर में ऊ कजाखस्तान के डोस्पे करीना के हरवली। भारतीय खिलाड़ी प्री क्वार्टर फाइनलो में उलटफेर करत तीस वरीय ओजाकी सेरी के 15-11 से हरवली।

भारतीय तलवारबाजी संघ देलस बधाई

भारतीय तलवारबाजी संघ के महासचिव राजीव मेहता भवानी के उनका ऐतिहासिक उपलब्धि पs बधाई देले बाड़ें। ऊ कहलें, ”भलही ऊ सेमीफाइनल में हार गइली बाकिर मुकाबला बहुते करीबी रहे। खाली एक अंक के अंतर रहे। एहसे ई बड़ सुधार बा।” ओलंपिक में क्वालिफाई करे वाली पहिला भारतीय तलवारबाज बनल भवानी टोक्यो खेलन में राउंड ऑफ 32 से बाहर हो गइल रहली।

भारतीय तलवारबाजी महासंघ के महासचिव राजीव मेहता कहलें, ई भारतीय तलवारबाजी खातिर बहुते गौरवपूर्ण दिन बा ।भवानी ऊ कइले बाड़ी जवन एकरा पहिले केहू आउर हासिल ना कs पाइल। ऊ प्रतिष्ठित एशियाई चैंपियनशिप में पदक जीते वाली पहिला भारतीय तलवारबाज हई। पूरा तलवारबाजी जगत के ओर से हम उनका के बधाई देत बानी।

571670cookie-checkFencing: भवानी देवी एशियाई चैंपियनशिप में रचली इतिहास, पदक जीते वाली पहली भारतीय तलवारबाज बनली

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.