Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

15 जून 2023 के राशिफल

576
Google Ads 300*250 for posts

दिनांक-15/06/2023
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

आषाढ़ कृष्ण पक्ष

तिथि- द्वादशी

 दिन के 08 बजके 32 मिनट ले,

ओकरा बाद त्रयोदशी।

दिन- बियफे।

भरणी नक्षत्र

दिन के 02 बजके 12 मिनट ले,

ओकरा बाद कृतिका नक्षत्र।

 सुकर्मा जोग

रात के 02 बजके 02 मिनट ले,

ओकरा बाद धृति जोग।

तैतिल करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 16/06/2023

आषाढ़ कृष्ण पक्ष

तिथि- त्रयोदशी

दिन के 08 बजके 40 मिनट ले।

दिन- सुक।

कृतिका नक्षत्र

दिन के 03 बजके 07 मिनट ले।

 धृति जोग

रात के 01 बजके 22 मिनट ले।

 वाणिज करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज राउर आर्थिक पक्ष मजबूत होई। पारिवारिक काम पूरा करे में रउआ सफल रहेम। कवनो महत्वपूर्ण काम में संघतिया लोगन के सहजोग प्राप्त होई। भाग्य राउर साथ दी। आज मौज-मस्ती के कुछ बेहतर मवका मिली।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज कारोबार के सिलसिला में कुछ दिक्कत आ सकत बा। बाकिर आय में बढ़न्ती होई। दांपत्य जिनगी सुखद आ अनुकूल रही। पारिवारिक जिनगी सुखद रही।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज रउआ कवनो महत्वपूर्ण काम के निपटावे में सफल रहेम। कुछ खास कामन खातिर आज के दिन बेहतर बा। रउआ अपना अगरी-कगरी के लोगन के प्रति उदार रहेम। राउर अच्छा अनुभव के चलते राउर साथी रउआ से कवनो सलाह ले सकत बा।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

पार्टनर भा कवनो नजदीकी सहजोगी से अनबन हो सकत बा। बेवसाय संबंधी यात्रा मनचाहा परिणाम ना दी। नया काम के क्षेत्र में सामिल होखे भा नया परियोजनन आ उपक्रमन के सुरू करे खातिर दिन बहुत अनुकूल नइखे।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आर्थिक उतार-चढ़ाव के हालात देखे के मिल सकत बा। काम जादे आ लाभ कम, एह प्रकार के समस्या उत्पन्न हो सकत बा। रउआ कवनो चीज में जेतना जादे मेहनत करेम, उ ओतनही बेहतर निकली।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

बेवसायिक दृष्टि से नया उद्यम सुरू हो सकत बा, भा कवनो नया डील फाइनल हो सकत बा। भविष्य में ई बड़ मुनाफा कमा सकत बा। बेयपार आ सामाजिक क्षेत्र में मान-प्रतिष्ठा पावे खातिर दिन अनुकूल रही।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज सांझ के रउआ अपना घर में पार्टी के प्लान करेम। रउआ कुछ गलतफहमी हो सकत बा। आज कुछ छुपल बात रउआ सोझा आ सकत बा। रउआ तनिका थकान महसूस कs सकत बानी। कामकाज के उलझनन में रउआ फंस सकत बानी।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

विद्यार्थियन खातिर ई दिन सुभ है। छात्र प्रतियोगितन में अच्छा प्रदर्शन करी लो आ आपन मनचाहल संस्थान में प्रवेश पावे में सफल रही लो। पारिवारिक जिनगी सुख से भरल रही। रउआ में से कुछ लोगन के वाहन संबंधी बेवसाय आ कृषि से अतिरिक्त आमदनी हो सकत बा। कार्यस्थल पs बहुत जादे तनाव आ दबाव नौकरीपेशा जातकन के बेचैन कs सकत बा।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज रउआ अचानके धन लाभ होई। राउर सोचल काम पूरा होई। रउआ कवनो नया काम सुरू करे के बारे में विचार करेम। जीवनसाथी के संगे संबंधन में मधुरता भंग होई। राउर मन में सकारात्मकता रही।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

कार्यस्थल पs कइल प्रयास आवे वाला दिनन में राउर सफलता आ प्रगति में जोगदान दी। पारिवारिक जीवन सुखी आ आनंदमय रही। प्रेमियन के बीच कुछ मनमुटाव हो सकत बा।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज कवनो संघतिया के सहजोग से राउर काम बनी। अपना आत्मविश्वास के दम पs रउआ लगभग हर काम में सफल होखेम। कवनो रचनात्मक काम में राउर रुचि बढ़ी। राउर दांपत्य संबंध मधुरता से भरल रही। कवनो करीबी राउर खुसियन के दोगुना कs दी।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

रउआ नियमन के पालन करे खातिर बाध्य बानी। एह वजह से परियोजनन में देरी हो सकत बा। राउर कुछ वरिष्ठ खुला तौर पs अनैतिक हो सकत बा लो आ  राउर संभावना के रोके के कोसिस कs सकत बा लो।

566320cookie-check15 जून 2023 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.