[the_ad_group id="30365"]

SSP के आदेश पs केस दर्ज: शराब पिये के रुपिया ना देवे पs जुवक के पीटलस, कार के तुड़लस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला में शाहपुर इलाका के राप्ती नगर निवासी हर्षित जोसवा से मारपीट करे वालन पs केस दर्ज कs लिहल गइल। आरोप बा कि ऊ दोस्त के जन्मदिन पार्टी में सामिल होखे गइल रहस। एही दौरान एगो मनबढ़ जुवक शराब पिये खातिर रुपिया मांगे लागल आ ना देवे पs मारपीट कs के जख्मी कs देलस आ ईंट-डंडा से कार के क्षतिग्रस्तो कs देलस। पीड़ित आईजीआरएस के माध्यम से एसएसपी से शिकायत कइलें। उनका निरदेस पs मंगर के सांझ शाहपुर पुलिस केस दर्ज कs  के ममिला के जांच कs रहल बिया।

जानकारी के मोताबिक, राप्ती नगर निवासी हर्षित जोसवा दिहल गइल प्रार्थना पत्र में लिखलें बाड़ें कि ऊ बेतियाहाता इस्थित अपना मित्र अभय जायसवाल के जन्मदिन पार्टी में सामिल होखे गइल रहस। एही दौरान मयंक 5-6 लोगन के संगे मवजूद रहे।

आरोप बा कि मयंक शराब पिये खातिर रुपिया मांगे लागल आ  ना देला पs अपना साथियन के संगे मिलके मारपीट कs के जख्मी कs देलस आ कारो के क्षतिग्रस्त कs देलस। ओकरा बादो मनबढ़ जुवक फोन कs के आ व्हाट्सएप मैसेज भेज के धमकी दे रहल बा। आरोप बा कि 50 हजार रुपिया के रंगदारी मांग रहल बा, ना देवे पs जान से मारे के धमकी दे रहल बा।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]