Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

प्रतिस्पर्धा में बनल रहे खातिर आसपास के घटना आ तकनीकी रूप से अपडेट रहल जरूरी: सीपीआरओ पंकज सिंह

2,312

गोरखपुर। ‘राष्ट्रीय जनसंपर्क दिवस’ के अवसर पs सुक के दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के हिंदी आ पत्रकारिता विभाग में ‘मीडिया संवाद’ श्रृंखला के अंतर्गत गोष्ठी के आयोजन कइल गइल। विभागीय पत्रकारिता परिषद के तत्वावधान में आयोजित कार्यक्रम के मुख्य अतिथि पूर्वोत्तर रेलवे के मुख्य जनसंपर्क अधिकारी पंकज कुमार रहलें। ऊ अपना संबोधन में छात्रन के बेवहारिक जिनगी में जनसंपर्क के महत्व बतावत कहलें कि हमनी के अपना अगल-बगल हो रहल घटनन के संगही तकनीकी रूप से अपडेट रहे के होई। एसे हमनी के प्रतिस्पर्धा में बनल रहेम सs। संगही ऊ छात्रन से कहलें कि किताबन के पढ़े के आदत डालल जाव, आईटी के एह युग में मोबाइल आ लैपटॉप के जगह किताबन के ज्ञान स्थायी बा। कार्यक्रम में एगो शिक्षक के भूमिका में नजर आइल पंकज सिंह पत्रकारिता के वर्तमान स्वरूप पs चरचा करत कहलें कि पत्रकारिता में समय प्रबंधन जरूरी बा।

कार्यक्रम के अध्यक्षता करत विश्वविद्यालय के कुलपति प्रोफेसर राजेश सिंह कहलें कि पत्रकारिता के क्षेत्र बहुते व्यापक आ संभावना से भरल बा। एमे आगे बढ़ला के बहुत अवसर बा, जरूरत बा छात्रन के लगन के संगे मेहनत करे के काहेकि छात्रन में पर्याप्त क्षमता बा। प्रो. सिंह कहलें कि कवनो अच्छा संस्थान के ब्रांडिंग बहुत जरूरी बा आ एह काम में जनसंपर्क के बहुत महत्वपूर्ण भूमिका होला। कुलपति कहलें कि विश्वविद्यालय के ए प्लस प्लस ग्रेड मिलल बा, ई विश्वविद्यालय के हर छात्र के व्यक्तित्व में झलके के चाहीं।

एकरा पहिले अपना स्वागत भाषण में विभाग के अध्यक्ष प्रो. दीपक प्रकाश त्यागी कहलें कि ई महत्वपूर्ण मवका बा जब ‘राष्ट्रीय जनसंपर्क दिवस’ के अवसर पs जनसंपर्क के दु गो पुरोधा एक संगे मवजूद बा लो। एह अवसर पs विभाग के वरिष्ठ आचार्य अनिल कुमार राय आपन विचार रखलें। एकरा पहिले अतिथियन के विभागाध्यक्ष आउर पत्रकारिता परिषद् के सदस्यन द्वारा पुष्प गुच्छ आ उत्तरीय प्रदान कs के स्वागत कइल गयइल। संगही मुख्य अतिथि के कुलपति द्वारा स्मृति चिह्न प्रदान कइल गइल।

कार्यक्रम संचालन अतिथि शिक्षक डॉ. रजनीश कुमार चतुर्वेदी  आ अतिथियन के आभार ज्ञापन पत्रकरिता पाठ्यक्रम के समन्वयक प्रो. राजेश कुमार मल्ल द्वारा कइल गइल। एह अवसर पs विश्वविद्यालय के जनसंपर्क अधिकारी डॉ. महेंद्र सिंह आ हिन्दी विभाग के प्रो. विमलेश मिश्र, प्रो. प्रत्यूष दूबे, डॉ. नरेंद्र कुमार, डॉ. अभिषेक शुक्ला, डॉ. रामनरेश राम आउर संस्कृत विभाग के शिक्षकगण, पूर्वोत्तर रेलवे के जनसंपर्क विभाग के आउर अधिकारी लोगन आ कर्मचारियन के संगे पत्रकारिता आउर हिन्दी के छात्र-छात्रा मवजूद रहल लो।

524790cookie-checkप्रतिस्पर्धा में बनल रहे खातिर आसपास के घटना आ तकनीकी रूप से अपडेट रहल जरूरी: सीपीआरओ पंकज सिंह

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.