Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Thawe Mahotsav: 15 अप्रिल से थावे महोत्सव के रंगारंग आगाज, हिमेश रेशमिया होइहें शामिल

4,217

गोपालगंज: 15 अप्रिल माने सनीचर में सांझ उपमुख्यमंत्री तेजस्वी यादव थावे महोत्सव के उद्घाटन करिहें। 16 अप्रिल के बॉलीवुड के मशहूर प्ले बैक सिंगर हिमेश रेशमिया थावे महोत्सव में शिरकत करिहें आ आपन कला बिखेरिहें।

तेजस्वी यादव करिहें थावे महोत्सव के उद्घाटन

डीएम डॉ नवल किशोर चौधरी बतवलें कि बिहार के उपमुख्यमंत्री तेजस्वी यादव के थावे महोत्सव में उद्घाटन खातिर आमंत्रित कइल गइल बा। एकरा संगही बिहार के कइयन गो मंत्री आ कइयन गो विभागन के प्रधान सचिवो थावे महोत्सव में भाग लिही लो। पर्यटन विभाग आ कला आउर संस्कृति विभाग के द्वारा संयुक्त रूप से थावे महोत्सव के आयोजन कइल जा रहल बा।

दु दिनन के थावे महोत्सव

डीएम डॉ नवल किशोर चौधरी कहलें कि एह बेर 15 आ 16 अप्रिल के थावे महोत्सव के आयोजन होई। जेमे 16 अप्रिल के बॉलीवुड के मशहूर सिंगर हिमेश रेशमिया भाग लिहें। एकरा अलावे गोपालगंज के स्थानीय कलाकारन के मंच दिहल जाई। थावे महोत्सव में बिहार के अलावा राष्ट्रीय स्तर के कइयन नामचीन कलाकारन के आमंत्रित कइल गइल बा।

सुरक्षा के पुख्ता इंतेजाम

एसपी स्वर्ण प्रभात बतवलें कि थावे महोत्सव के लेके भारी संख्या में सुरक्षा बलन के इहवां तैनात कइल जाई। एसपी कहलें कि थावे के होमगार्ड मैदान में 300 पुलिस बल के जवान तैनात कइल जाई लो। विधि व्यवस्था के लेके समीक्षा कइल जा रहल बा। सुरक्षा में कवनो तरे के चूक ना होखे एकरा खातिर कइयन जगह फायर सिलेंडरो लगावल जाई।

पर्यटन के बढ़ावा देवे खातिर थावे महोत्सव

पर्यटन विभाग आ कला संस्कृति विभाग के द्वारा आयोजित महोत्सव हर साल अप्रिल महीना में आयोजित कइल जाला। डीएम कहलें कि गोपालगंज में पर्यटन के बढ़ावा देवे आ थावे दुर्गा मंदिर में पर्यटकन के आमंत्रित करे खातिर थावे महोत्सव के भव्य आयोजन कइल गइल बा। जेमे भारी संख्या में लोग सामिल होला।

भव्य पंडाल के निर्माण

थावे महोत्सव खातिर भव्य पंडाल के निर्माण कइल जा रहल बा। विशाल मंच के दसंगे दर्शकन के बइठे खातिर विशेष बेवस्था कइल गइल बा। सुरक्षा के लिहाज से सीसीटीवी कैमरा लगावल गइल बा। कइयन गो एक्जिट प्वाइंट के संगे जगह जगह बैरिकेडिंगो कइल गइल बा।

517060cookie-checkThawe Mahotsav: 15 अप्रिल से थावे महोत्सव के रंगारंग आगाज, हिमेश रेशमिया होइहें शामिल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.