[the_ad_group id="30365"]

Twitter के माध्यम से हो सकी कमाई! एह यूजर्स खातिर जारी भइल ई नया फीचर्स

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Twitter New Feature: एलन मस्क जब से ट्विटर के कमान संभरले बाड़ें, तबे से ऊ सुर्खियन में बनल बाड़े। 13 अप्रिल, बियफे के मस्क एलान कइलें कि ऊ 20 अप्रिल से लीगेसी ब्लू टिक मार्क के हटा दिहें। ओहिजा, अब 14 अप्रिल, सुक के पेड सब्सक्राइबर्स खातिर कंपनी एगो बड़ घोषणा कइले बिया।

कंपनी के ओर से ऐलान कइल गइल बा कि ब्लू पेड सब्सक्राइबर्स अब 10 हजार कैरेक्टर्स के संगे पोस्ट कs सकी लो। एह नया फीचर के पेश कइला के संगही कंपनी के मोताबिक पेड सब्सक्राइबर्स के ट्विटर बोल्ड आ इटैलिक टेक्स्ट फॉर्मेटिंग के संगे-संगे 10 हजार तक के कैरेक्टर्स के अनुमति दी।

पहिले 4000 कैरेक्टर्स के मिलल रहे अनुमति

कंपनी फरवरी में ऐलान कइले रहे कि ब्लू सब्सक्राइबर्स 4,000- कैरेक्टर्स के संगे ट्वीट कs सकत बा लो। हालांकि, नया फीचर्स के इस्तेमाल करे खातिर यूजर्स के ब्लू टिक के सब्सक्राइबशन लेवे के होई। एकर यूजर अपना अकाउंट के सेटिंग्स में जाके ‘मोनेटाइजेशन’ पs टैप कs सकत बा लो।

पईसा कमाये में मिली मदद!

मस्क के ओर से 13 अप्रिल, बियफे के घोषणा कइल गइल कि सब्सक्रिप्शन अब मंच पs सक्षम हो गइल बा आ यूजर्स के ट्विटर से पईसा कमाये में मददगार साबित हो सकत बा। मस्क के ओर से एगो पोस्ट कइल गइल कि “हमनी में बड़ पैमाने पs क्रिएटर सब्सक्रिप्शन निकाल रहल बानी सs। लमहर फॉर्म टेक्स्ट, पिक्स भा वीडियो खातिर काम कइल जाई।”

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]