Black Jeera Benefits: : काला जीरा कई गो औषधीयन के गुण के खजाना ह, एकर 4 फायदा जानीं

Minee Upadhyay

Black Jeera Benefits: : काला जीरा कई गो औषधीयन के गुण के खजाना ह, एकर 4 फायदा जानीं

Black Jeera Benefits: काला जीरा में बहुत औषधीय गुण भरपूर मात्रा में होखेला। एकर स्वाद तनी कड़वा होला

काला जीरा के फायदा : भारतीय खाना में कई तरह के मसाला के इस्तेमाल होला। बाकिर एगो मसाला बा जवना के बिना शायद खाना ना पकावल जा सके| हम जीरा के बात करत बानी। भोजन के टेम्परिंग खातिर जीरा के इस्तेमाल होला। जीरा भोजन के स्वाद बढ़ावे के अलावे स्वास्थ्य खातीर भी बहुत फायदेमंद होला। बाजार में दू तरह के जीरा उपलब्ध बा। एक सामान्य भूरा जीरा आ एगो करिया जीरा…

काला जीरा में बहुत औषधीय गुण भरपूर मात्रा में होला। एकर स्वाद तनी कड़वा होला अउरी एकर इस्तेमाल सदियन से छोट-मोट बेमारी के इलाज में जड़ी-बूटी के दवाई के रूप में होता। आज हम काला जीरा के कुछ फायदा के बारे में बतावे जा रहल बानी, आईं जानी जा |

 

 मोटापा कम करे मे मदद करेला

वजन कम करे खातिर काला जीरा बहुत फायदेमंद होखेला। एकरा खातिर जीरा के पानी पीये के पड़ेला। रात में जीरा के पानी में भिगो लीं। एकरा बाद सबेरे हल्का गरम कर लीं। एकरा के छान के पी लीं।

 

पेट के समस्या दूर करीं

पाचन, गैस्ट्रिक, पेट फूलना, पेट दरद , दस्त, आंत के कीड़ा आदि से जुड़ल समस्या में बहुत राहत देला। धीमा पचे वाला खाना खइला के बाद करिया जीरा के तनी-मनी खईला से तुरंत फायदा मिलेला।

कैंसर से बचाव

काला जीरा शरीर में कैंसर के कोशिका के खतरा बढ़े से रोकेला। जानवरन पे कइल गइल शोध में एकर पुष्टि भइल बा|

 

 सिर दरद – दाँत दरद में राहत देवेला

माइग्रेन जईसन दरद में सिर अउरी माथे पे काला जीरा के तेल लगावल फायदेमंद होला। करिया जीरा के तेल के कुछ बूंद गरम पानी में डाल के गलाला कईला से दांत दरद में बहुत राहत मिलेला।

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।