[the_ad_group id="30365"]

लाख कोसिस के बादो नईखे घटत वजन? एs गंभीर बीमारियन के हो सकेला संकेत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

जरूरत से ढेर वजन आपके ओवरऑल हेल्थ के बुरा तरह से डैमेज क‌s सकेला। अगर आप खुद के सेहतमंद बनावल रखल चाहत बानी तs आपके खातिर हेल्दी वेट के मेंटेन क‌s के रखल बेहद जरूरी बा। अगर आपो वेट लूज क‌रे के खातिर तमाम कोशिश करत बानी बाकिर आपके मेहनत रंग नईखे लावत तss आपके सावधान हो जा‌ए के चाहि। दरअसल, लगातार बढ़त वजन कवनो गंभीर बीमारी के संकेत हो सकेला।

हो सकेला थायरॉइड

मोटापा कम ना होखले के पीछे हाइपोथायरॉइडिज्म ज‌इसन गंभीर बीमारी हो सकेला । अगर आप कर वेट बीतल कुछ समय से अचानक बढ़त बा तs आपके हाइपोथायरॉइडिज्म होखे के संभावना काफी हद तक बढ़ सकेला । मोटापा के अलावा थायरॉइड में थकान, हाथ-पैर कांपल आ जोड़न में दर्द ज‌इसन लक्षण दिखाई दे सकेला। एs तरह के लक्षण के नजअंदाज ना करीं आपके कवनो अच्छा डॉक्टर से कंसल्ट क‌s लेवे के चाहिं।

बढ़ सकेला अनिद्रा के खतरा

अनिद्रा के वजह से मरीज राती में करवट बदलत रह जालां आ ओके नींद नाहीं आ पावेला । रात भर ना सुतले के वजह से सरीर में चर्बी जमा होखे लागेला । अगर आप वाकई में मोटापा से छुटकारा पावल चाहत बानी तs आपके डॉक्टर से कंसल्ट क‌इके अनिद्रा के ट्रीटमेंट करवा लेवे के चाहि।

स्ट्रेस आ एंग्जायटी

अगर आपो बाती-बाती पs स्ट्रेस लेवे लगेनी आ फेर आपके एंग्जायटी कs समस्या होला तs आप चाह के भी अपने बढ़त वेट के कंट्रोल नाहीं क‌ई पा‌एब। अगर आप स्ट्रेस आ एंग्जायटी के समय रहते डील नाहीं क‌इनी तs आप डिप्रेशन के चपेट में आ सकेनी । वेट लूज करे के खातिर आपके स्ट्रेस आ एंग्जायटी के अलविदा कहे के हो‌ईं।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]