Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मेंहदी आ डाई के संगे सफेद बाल में रंग ना टिकेला, बस इ तरीका आजमाईं, बाल बहुत दिन तक करिया देखाई दि

सफेद बाल के घरेलू उपाय : आमतौर पे सफेद बाल के रंग देवे खातीर बहुत घरेलू उपाय अपनावल जाला, लेकिन कुछ दिन के भीतर बाल से रंग पूरा तरीका से निकल जाला। अयीसना में इहाँ बतावल तरीका आपके बहुत काम आई।

212

मेंहदी आ डाई के संगे सफेद बाल में रंग ना टिकेला, बस इ तरीका आजमाईं, बाल बहुत दिन तक करिया देखाई दि

 

सफेद बाल के घरेलू उपाय : आमतौर पे सफेद बाल के रंग देवे खातीर बहुत घरेलू उपाय अपनावल जाला, लेकिन कुछ दिन के भीतर बाल से रंग पूरा तरीका से निकल जाला। अयीसना में इहाँ बतावल तरीका आपके बहुत काम आई।
सफेद बाल के घरेलू उपाय : उमर के असर होखे चाहे बाल पे केमिकल से भरपूर उत्पाद के जादा इस्तेमाल, बाल सफेद हो सकता। एह बाल के सफेद होखे के कारण चाहे जवन होखे, लेकिन अक्सर लोग सफेद बाल के वापस रंग के करिया कईल चाहतारे। मुसीबत तब आवेला जब बाल रंगल जाला लेकिन रंग बाल पे ढेर दिन तक ना रहेला। अइसना में तमाम मेहनत बेकार हो जाला आ सफेद बाल के बार-बार करिया करे के कोशिश में समय बरबाद करे के पड़ेला। लेकिन, अब आपके तनाव लेवे के जरूरत नईखे। इहाँ आपके खातीर कुछ अयीसन टिप्स दिहल बा, जवना के मदद से आप मेहंदी चाहे हेयर डाई से बाल के करिया क सकतानी अउरी एकर रंग लंबा समय तक बरकरार राख सकतानी। एह टिप्स के आजमावल भी आसान बा।

 

सफेद बाल के करिया बनावे के टिप्स | Tips To Darken White Hair

मेहंदी चढ़ावे खातीर बनाईं घोल


बाल के करिया रंग देवे खातिर आप जवन मेंहदी के घोल तैयार करतानी ओकरा के पक्का क सकतानी। बस खाली मेंहदी लगा के रंग सेट ना होई। एकरा खातीर मेंहदी में चाय के पत्ता के पानी, कॉफी चाहे आंवला पाउडर मिला सकतानी। इ बाल में गहिराह करिया रंग देवेला, जवन कि भी लंबा समय तक रहेला अउरी बाल लाल लउकेला अउर जल्दी रंग ना फीका होला।

मेंहदी धोवे के सही तरीका

मेंहदी के केतना देर तक लगा के राखल जाला, बाल के रंग पे भी असर पड़ेला। बाल पे मेंहदी के कम से कम ढाई घंटा तक राखे के चाही ताकि बाल के बड़िया करिया रंग मिल जाए। एकरा संगे बाल धोवे के तरीका पे भी ध्यान दिहल जरूरी बा। बाल से मेंहदी निकाले खातिर सादा पानी के इस्तेमाल करीं अउरी करीब 24 घंटा के बाद ही बाल के शैम्पू से धोईं। शैम्पू से बाल धोवे के तुरंत बाद मेंहदी के करिया रंग हल्का हो जाई अउरी बाल पे जवन रंग लगावल गईल बा उहो निकले लागी।

शैम्पू करे के दिन


कुछ दिन बाद ही बाल धोवे के कोशिश करीं। रोज बाल धोवे से करिया अउरी गहरा रंग हल्का होखे लागी अउरी कुछ दिन के भीतर सफेद बाल फेर से बरफ के चादर निहन माथा पे पसरल शुरू हो जाई। कम से कम 2 से 3 दिन के अंतराल पे सिर धो लीं।

अस्वीकरण: ई खाली समान्य जानकारी खातीर बा | ई कवनो तरह से योग्य चिकित्सा राय के विकल्प नइखे | अधिक जानकारी खातिर हमेशा कवनो विशेषज्ञ आ अपना डॉक्टर से सलाह लीं| खबर भोजपुरी एह जानकारी के जिम्मेदारी नइखे लेत| |

481520cookie-checkमेंहदी आ डाई के संगे सफेद बाल में रंग ना टिकेला, बस इ तरीका आजमाईं, बाल बहुत दिन तक करिया देखाई दि

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.