सबेरे-सबेरे: पेट के दिक्कत रही दूर, करीं इs तीन गो योगासन 

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 14, 2024

  योग शांत मन करे आ शरीर के प्रक्रिया हs जवन मांसपेशियन के खिंचाव करेला आ शरीर के लचीला बनावेला। बस रोजाना 10-15 मिनट ले योग के अभ्यास कईल लंबा समय में बहुत फायदेमंद साबित

Share

yoga

 

योग शांत मन करे आ शरीर के प्रक्रिया हs जवन मांसपेशियन के खिंचाव करेला आ शरीर के लचीला बनावेला। बस रोजाना 10-15 मिनट ले योग के अभ्यास कईल लंबा समय में बहुत फायदेमंद साबित हो सकता। ध्यान से खाना खाए अउरी पाचन संबंधी समस्या पैदा करेवाला चीज़ के पहचान कईल जरूरी बा। पाचन अवुरी आंत के स्वास्थ्य पs सकारात्मक प्रभाव डाले खातीर अपना फिटनेस के दिनचर्या में योग आसन के शामिल कईल जरूरी बा। इहाँ कुछ योग आसन दिहल बा जवन पेट अवुरी पाचन के स्वस्थ राखे में मदद कs सकता।

1. पवनमुक्तासन

पवनमुक्तासन:फोटो

इs योग मुद्रा पेट के मांसपेशी के मजबूत करेला अवुरी गैस्ट्रोइंटेस्टाइनल संबंधी समस्या के कम करे में मदद करेला। पीठ के बल पs लेट के गोड़ तान के फेर हाथे से दुनु गोड के मोड के पकड़ के कुछ देर ले राखी. ई प्रक्रिया बेर-बेर करीं.

2.धनुषासन

धनुषासन: फोटो

गोड़ सीधा कs के पेट के बल लेट जाइ। हाथ बगल में रखी । अब धीरे-धीरे घुटना मोड़ के हाथ पकड़ के माथा के ओर खींच लीं। गोड़ के कूल्हा से जादा दूर ना फैलावे के चाहीं। अब गोड़ के शरीर के ओर खींचत धीरे-धीरे जांघ के ऊपर उठावे के कोशिश करीं।ई प्रक्रिया बेर-बेर करीं.

3.कैट-काउ पोज

कैट-काउ पोज:फोटो

कलाई के कंधा से नीचे अवुरी घुटना के कूल्हा से नीचे राखी। साँस लेके ऊपर देखी आ पेट के चटाई के ओर आए दीं। साँस छोड़त घरी ठोड़ी के छाती के ओर दबाईं।ई प्रक्रिया बेर-बेर करीं.

अस्वीकरण: सलाह समेत ई लेख खाली सामान्य जानकारी देले। ई कवनो तरीका से योग्य चिकित्सा राय के विकल्प ना हs। आगे के जानकारी खातिर हमेशा कवनो विशेषज्ञ भा अपना डॉक्टर से सलाह लीं। खबर भोजपुरी एह जानकारी के जिम्मेदारी नईखे लेत।”

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.