[the_ad_group id="30365"]

सदानीरा महोत्सव 2023: प्रख्यात लेखक नवीन चौधरी सदानीरा साहित्य सम्मान, भजन सम्राट भरत शर्मा व्यास पंडित शर्मानन्द देहाती सम्मान आ बेजोड़ कवि ज्ञान प्रकाश आकुल योगेन्द्र प्रसाद योगी सम्मान से सम्मानित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

खबर भोजपुरी, गोपालगंज। 12 मार्च के गोपालगंज के करवतही बाजार में भइल सदानीरा महोत्सव में अबकी बेर साहित्य के क्षेत्र में तीन गो सम्मान के घोषणा भइल।

सदानीरा साहित्य सम्मान 2023: ढाई आखर खातिर नवीन चौधरी के दिहल गइल

सदानीरा साहित्य सम्मान ढाई चाल उपन्यास खातिर नवीन चौधरी के दिहल गइल। फोटो- खबर भोजपुरी

 

स्वतंत्र लेखन खातिर मंच से “सदानीरा साहित्य सम्मान 2023” नवीन चौधरी के दिहल गइल। नवीन चौधरी के ई सम्मान उनका उपन्यास ‘ढाई चाल’ खातिर दिहल गइल। नवीन के ई उपन्यास सन 2022 में प्रकाशित भइल आ पाठकन में खासा लोकप्रिय भइल। एकरा पहिले नवीन चौधरी के एगो उपन्यास जनता स्टोर बहुते लोकप्रिय रहल बा। नवीन चौधरी के संस्था के ओर से पच्चीस हजार के राशि, स्मृति चिन्ह आ अंगवस्त्र प्रदान कइल गइल। नवीन चौधरी के ई सम्मान प्रसिद्ध फ़िल्म अभिनेता आ कवि अखिलेन्द्र मिश्र के हाथ से दिहल गइल।

योगेन्द्र प्रसाद योगी सम्मान 2023: कवि ज्ञान प्रकाश आकुल के दिहल गइल

योगेन्द्र प्रसाद योगी सम्मान कवि ज्ञान प्रकाश आकुल के दिहल गइल। फोटो- खबर भोजपुरी

 

संस्था के ओर से काव्य के क्षेत्र में “योगेन्द्र प्रसाद योगी सम्मान 2023” लखीमपुर खीरी के वरिष्ठ कवि ज्ञान प्रकाश आकुल के दिहल गइल। ज्ञान प्रकाश आकुल समकालीन दौर के श्रेष्ठ गीतकारन में से एगो बाड़ें के देस के अंसख्य बड़ मंचन पs प्रस्तुति देते रहल बाड़ें। एहु सम्मान में पच्चीस हजार रुपिया के राशि, स्मृति चिन्ह आ अंग वस्त्र प्रदान कइल गइल। सदानीरा महोत्सव के ओर से गोपालगंज के प्रसिद्ध कवि स्वर्गीय योगेन्द्र प्रसाद योगी के नाम पs ई सम्मान सुरू कइल गइल बा। जवन अपना दौर के श्रेष्ठ विचारक रहल बाड़ें।

पंडित शर्मानन्द देहाती सम्मान 2023: प्रख्यात गायक भरत शर्मा व्यास के दिहल गइल

पंडित शर्मानन्द देहाती सम्मान प्रख्यात गायक भरत शर्मा व्यास के दिहल गइल। फोटो- खबर भोजपुरी

सदानीरा महोत्सव में तीसरका सम्मान “पंडित शर्मानन्द देहाती सम्मान 2023” प्रख्यात भोजपुरी गायक भरत शर्मा ब्यास के दिहल गइल। भरत शर्मा ब्यास भोजपुरी संगीत में पसरल अश्लीलता के बीच श्लील गीतन के प्रतिनिधि गायक रहल बाड़ें।  संस्था ई सम्मान चंपारण के प्रसिद्ध संगीतमय कथावाचक पण्डित शर्मानन्द देहाती के नाम से सुरू कइले बा। भरत शर्मा ब्यास के पच्चीस हजार के राशि, स्मृति चिन्ह आ अंग वस्त्र प्रदान कइल गइल।

बता दीं कि, सदानीरा महोत्सव के यात्रा मात्र चार साल पुरान बा, बाकिर एतने कम समय मे ई मंच देस भर में आपन प्रतिष्ठा बना लेले बा। एह आयोजन के देस भर के सुप्रसिद्ध लेखक, कवि आ सिनेमा से जुड़ल लोग आपन उपस्थिति दर्ज करावेला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]