Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

डॉ. रजनीकांत नवाब स्मृति युवा रचनाकार प्रतियोगिता के विजेता लोग के कइल गइल सम्मानित

220
Google Ads 300*250 for posts

गोरखपुर में आयोजित गोरखपुर लिटरेरी फेस्ट में एह बेर डॉ. रजनीकांत नवाब स्मृति युवा रचनाकार प्रतियोगिता के आयोजन कइल गइल। एहमें कई अलग अलग विद्यालय के विद्यार्थियन के बीच कविता अउर लघुकथा के आयोजन कइल गइल जेमें ढ़ेर संख्या में विद्यार्थी लोग प्रतिभाग कइल। प्रतियोगिता के दू वर्ग में सम्पन्न करावल गइल। पहिला वर्ग कक्षा 8 से कक्षा 12 तक के विद्यार्थियन खातिर रहल, दूसरा वर्ग स्नातक से स्नातकोत्तर तक के विद्यार्थियन के रहल।

एहमें कविता में कनिष्ठ वर्ग के चयनित विजेता खुशी यादव के पहिला स्थान मिलल। हर्षिता त्रिपाठी के दूसरा, सुलव पण्डित ताज के तीसरा, अंकिता के चौथा अउर आराध्या शाही के पांचवा स्थान मिलल। कविता के वरिष्ठ वर्ग के चयनित विजेता निर्भय निनाद के पहिला स्थान खातिर सम्मानित कइल गइल। एहमें सुष्मिता शुक्ला के दूसरा, पूजा जायसवाल के तीसरा, धारिणी श्रीवास्तवा के चौथा अउर जैनब के पांचवा स्थान मिलल।

एही क्रम में लघुकथा कनिष्ठ वर्ग के चयनित विजेता हर्षिता त्रिपाठी रहली। अनुवंश सिंह के दूसरा, वाग्मिता सिंह के तीसरा, अर्शिता नागवंशी के चौथा स्थान मिलल। लघुकथा वरिष्ठ वर्ग के चयनित विजेता अनुराधा यादव रहली। एहमें अमृता वर्मा के दूसरा और खुशबू यादव के तीसरा स्थान मिलल।

एह प्रतियोगिता के निर्णायक मंडल में गोरखपुर के वरिष्ठ गीतकार अउर आशुकवि श्री राजेश राज, आईएच सिद्दीकी अउर रोशन एहतेशाम जी आपन निर्णय सुनवलें।

एह प्रतियोगिता के सकुशल सम्पन्न करवले में युवा रचनाकारन के टीम अउर राइटर्स अड्डा के अहम भूमिका रहल।

434190cookie-checkडॉ. रजनीकांत नवाब स्मृति युवा रचनाकार प्रतियोगिता के विजेता लोग के कइल गइल सम्मानित

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.