[the_ad_group id="30365"]

Indigo: पटना आवत फ्लाइट में नशेड़ियन के हंगामा, कैप्टन से भी मारपीट, एयर होस्टेस से भी कइलें सब बदसलूकी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

फ्लाइट में यात्रियन के तांडव के कड़ी में एह बेर फिर एगो नया खबर पटना से आ रहल बा। इंडिगो के फ्लाइट में दिल्ली से पटना आवत तीन युवक लोग जमकर बवाल काटल। पहिले यात्रियन से उलझनें। बीचबचाव खातिर एयरहोस्टेस गइली त उनसे भी बदसलूकी कइलें सब। मामला सम्हरत नाइ देख के कैप्टन दखल दिहलें त उनके साथ भी मारपीट कइल गइल। इंडिगो के फ्लाइट 6E-6383 में ई घटना भइल। रोहित कुमार, नितिन कुमार अउर पिंटू कुमार ई गुंडई करत घरी खुद के एगो राजनीतिक दल के राष्ट्रीय अध्यक्ष के खास आदमी बतावत रहनें।

सीआईएसएफ तक नाइ पहुुंचल जानकारी, एक आदमी फरार

खुद के नेता अउर एक राजनीतिक दल के राष्ट्रीय अध्यक्ष से जुड़ल बता रहल रोहित कुमार अउर नितिन कुमार के पटना एयरपोर्ट पर केंद्रीय औद्योगिक सुरक्षा बल (CISF) पकड़ के एयरपोर्ट थाना के हवाले कs दिहलस, जबकि पिंटू कुमार अफरातफरी के स्थिति बना के फरार हो गइल।

एयरपोर्ट के सीआईएसएफ कमांडेंट ए. के. झा बतवलें कि अतवार के रात फ्लाइट में हंगामा करे वाले यात्रियन के जानकारी जब ले आइल, तब ले यात्री निकले लागल रहनें। विमानन कंपनी के ओर से ग्राउंड स्टाफ के मार्क कs के बतावल गइल होत कि ई तीन यात्री हवें त पिंटू कुमार नाइ भाग पाइत। हमनी के हर यात्री के रोक नाइ सकत रहनीं जा, एहसे अफरातफरी हो सकत रहे। विमानन कंपनी जेके मार्क करवलस, ओ दू जनी के हिरासत में ले के बिहार पुलिस के सौंप दिहल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]