Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Goa: गोवा के मनोहर पर्रिकर इंटरनेशनल एयरपोर्ट पर उतरल पहिला फ्लाइट, परंपरागत रूप से भइल स्वागत

849

गोवा के मोपा में नवनिर्मित मनोहर पर्रिकर अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डा पs बियफे के पहिला फ्लाइट उतरल। इंडिगो के एह फ्लाइट से हैदराबाद से गोवा पहुंचल यात्रियन के गाजा-बाजा अउर फूल से स्वागत कइल गइल।

एकरे साथही गोवा में नागरिक हवाई ऐड से उड़ान शुरू हो गइल। एहसे पहिले नौसेना के एयरपोर्ट से सब उड़ान संचालित होत रहे। मनोहर एयरपोर्ट पर इंडिगो के फ्लाइट आजु सुबह 9 बजे उतरल। मोपा जिला उत्तरी गोवा में स्थित बा। एह मौका पर केंद्रीय मंत्री श्रीपद नाइक अउर गोवा के पर्यटन मंत्री रोहन खौंटे भी मौजूद रहनें। नयका टर्मिनल भवन में ऊ यात्रियन के स्वागत कइलें।

नाइक अउर खौंटे इंडिगो के एगो दूसर उड़ान से हैदराबाद जात यात्रियन के प्रतीकात्मक डमी बोर्डिंग पास दिहलें। एह हवाईअड्डा से जाए वाली ई पहिला उड़ान होई। प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी 11 दिसंबर 2022 के नयका हवाई अड्डे के पहिले चरण के उद्घाटन कइले रहनें। एकरे साथही गोवा में दू अंतरराष्ट्रीय हवाईअड्डा हो गइल बा। नयका हवाईअड्डा दक्षिणी गोवा स्थित डेबोलिम हवाईअड्डा से लगभग 50 किलोमीटर दूर बा। डेबोलिम हवाई अड्डा भारतीय नौसेना के एयर स्टेशन आईएनएस हंसा में स्थित रहल।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.