Earthquake: हिमाचल के कुल्लू में भूकंप के झटका, रिक्टर स्केल पs एतना रहल तीव्रता

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 14, 2024

  हिमाचल प्रदेश के कुल्लू में आजु सबेरे भूकंप के झटका महसूस भइल. राष्ट्रीय भूकंप विज्ञान केंद्र से मिलल जानकारी के मुताबिक सबेरे 3.39 बजे आईल एs भूकंप के तीव्रता रिक्टर पैमाना पs 3.0 नापल

Share

 

हिमाचल प्रदेश के कुल्लू में आजु सबेरे भूकंप के झटका महसूस भइल. राष्ट्रीय भूकंप विज्ञान केंद्र से मिलल जानकारी के मुताबिक सबेरे 3.39 बजे आईल एs भूकंप के तीव्रता रिक्टर पैमाना पs 3.0 नापल गईल।  फिलहाल कवनो जान-माल के नुकसान नईखे भइल.

नेशनल सेंटर फॉर सिस्मोलॉजी के मुताबिक, आज सबेरे आईल भूकंप के केंद्र भी कुल्लू जिला रहे। जब भूकंप आईल तs अधिकांश लोग सुतल रहले एहसे उs लोग के भूकंप के बारे में पता ना रहे। हालांकि भूकंप के तीव्रता भी कम रहे।

बता दीं कि हिमालय के गोदी में बसल हिमाचल प्रदेश भूकंप संवेदनशील इलाका में पड़ेला। ई अवस्था भूकंपीय क्षेत्र 4 आ 5 में आवे ले। हिमाचल के कांगड़ा, चंबा, लहौल, कुल्लू आ मंडी भूकंप के नजरिया से बहुत संवेदनशील इलाका हवें।

 

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.