इसुआपुर: शिक्षक के सेवानिवृत्ति पs विदाई सह सम्मान समारोह आयोजित
इसुआपुर (सारण): इसुआपुर प्रखंड स्थित शांति रमण प्रोजेक्ट बालिका उच्चतर माध्यमिक विद्यालय सढ़वारा में नियमित पदस्थापित प्रधानाध्यापिका श्रीमती विभा कुमारी सिंह 31 दिसम्बर 2022 के सेवानिवृत्त हो गइली। उनका सेवनिवृति के उपरांत विद्यालय परिसर में विदाई सह सम्मान समारोह के भव्य आयोजन नवहा प्रधानाध्यापक कृष्ण कान्त सिंह के अध्यक्षता में कइल गइल। कार्यक्रम आ मंच संचालन के काम वरीय शिक्षक संजय कुमार सिंह आ त्रिभुवन चतुर्वेदी के द्वारा संयुक्त रूप से कइल गइल।
एह मवका पs सारण जिला माध्यमिक शिक्षक संघ इकाई तरैया के सचिव डाॅ. पंकज भारती कहलें की लईका जहां राष्ट्र के धरोहर बा ओहिजा शिक्षक राष्ट्र के प्रहरी बा। लेखक आ शिक्षक कबो सेवानिवृत्त ना होला। एगो शिक्षक आजीवन ज्ञान के धारा से जुड़ल रहेला। ऊ लोग विद्यालय आ कार्यालय से निवृत हो सकत बा, बाकिर शिक्षा सेवा से कबो निवृत ना होला लोग। सेवा निवृत्त प्रधानाध्यापिका शिक्षा के क्षेत्र में अमूल्य योगदान देले बाड़ी। ऊ भलहीं विद्यालय आ सरकारी सेवा से निवृत्त हो रहल बाड़ी। बाकिर उनकर सेवा समाज के हमेशा मिलता रही। सेवानिवृत्ति के बादो प्रधानाध्यापिका विभा सिंह अपना अनुभवन से शिक्षा जगत के लाभान्वित करत रहिहें आ हमनी सब कार्यरत शिक्षकन खातिर एगो मार्गदर्शक के रूप में बनल रहिहें।
समारोह में उपस्थित तमाम शिक्षकगण, छात्रा आ आगंतुकन के संबोधित करत सेवानिवृत्त प्रधानाध्यापिका विभा सिंह कहली कि, आज हमरा खातिर भावुकता के पल बा। इहां के लोग हमरा के एतना प्यार आ सम्मान दिहल कि हम सदियन तक एकरा के भुला ना पाएम। खास कs के लईकन के प्यार आ घनिष्ठता जिनगी भर इयाद रही, संगही अपना विद्यालय के सब शिक्षकन के शुक्रिया अदा करत ऊ कहली कि सब शिक्षक लोग पुरा कार्यकाल में हमार भरपूर सहयोग कइल, आ अपना परिवार के एगो सदस्य जइसन बेवहार कइल, जवना खातिर हम सदा आभारी रहेम।
आयोजित समारोह में आइल कइयन गो प्रतिष्ठित वक्ता लोग कार्यक्रम के संबोधित कइल लोग, जेमे क्षेत्र के वर्तमान जिला पार्षद छबीनाथ सिंह, समाजिक कार्यकर्ता विजय राय, शिक्षक त्रिभुवन चतुर्वेदी, उच्च विद्यालय धनाव के पूर्व प्रधानाध्यापक रजनीकांत सिंह, मैकडोनाल्ड उच्चतर माध्यमिक विद्यालय देवरिया, तरैया के प्रधानाध्यापक मनोज सिंह, उच्च विद्यालय बहुआरा के पूर्व प्रधानाध्यापक विभूति भूषण सिंह, उच्च विद्यालय रामपुर अटौली के प्रधानाध्यापक सतेन्द्र कुमार यादव, के.एस. उच्च विद्यालय इसुआपुर के प्रभारी प्रधानाध्यापक नंद कुमार, शिक्षक उपेन्द्र कुमार मिश्रा, रविन्द्र बैठा, नरेन्द्र कुमार सिंह, उच्च विद्यालय धनाव के संजीव कुमार सिंह, प्राध्यापक मकसूद आलम आउर विद्यालय के शिक्षक संजय सिंह, राजेश कुमार, धर्मेन्द्र कुमार, जगमोहन लाल, दिव्या कुमारी, नितू कुमारी इत्यादि कइयन गो प्रखर महानुभाव आपन आपन विचार प्रकट कइल लोग आ अपना शुभ वाणी से कार्यक्रम के संबोधित कइल आ सेवानिवृत शिक्षिका के विद्यालय में शिक्षा के प्रति ईमानदारी के संगे कइल काम, मधुर स्वभाव आ कर्तव्य निष्ठा के बखुबी चर्चा आ सराहना कइल लोग।
ओह लोगन के कहनाम रहे कि सेवा में आवे वाला के सेवानिवृत होखल एगो परंपरा हs। जवना के हर केहू के पालन करही के होला। इनकर शिक्षकन आ छात्रन से हमेशा मधुर संबंध बनल रहल। आज इनकर विद्यालय से गइल हमनी सभे खातिर बहुते दुखदायी बा। सब केहू उनकर दीर्घायु आ निम्मन स्वस्थ्य जीवन के कामना कइल। ओहिजा कईयन लोग कहल कि एह मवका पs इतना भीड़ उनकर स्वभाव आ कर्तव्य निष्ठा के एगो उपहार बा।
एकरा बाद प्रधानाध्यापक कृष्ण कान्त सिंह, विद्यालय शिक्षक आ कई गणमान्य लोगन द्वारा सेवानिवृत्त शिक्षिका के सम्मान में पुष्प माला आ शाल ओढ़ाके सम्मानित कइल गइल, ओहिजा कार्यकम में आइल कइयन शिक्षक, शिक्षिका, छात्र आ गणमान्य लोग द्वारा ढ़ेर सारा उपहार भेंट स्वरूप दिहल गइल।
Comments are closed.