Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

OnePlus Pad के कीमत भइल लीक, जल्दिये होई लॉन्च! जानीं प्रोसेसर से लेके कैमरा के बारे में

1,312

OnePlus Pad Launch: एह साल फरवरी में भइल एगो इवेंट में OnePlus Pad के पहिला झलक देखे के मिलल रहे। नया OnePlus Pad के मीडियाटेक Dimensity 9000 प्रोसेसर के संगे ले आवल गइल बा। बाकिर कंपनी एकर बिक्री आ कीमत के लेके जानकारी ना देले रहे।

OnePlus Pad: भारत में अब OnePlus Pad जल्दिये लॉन्च होखे जा रहल बा। रउआ के बता दीं कि एह साल फरवरी में भइल एगो इवेंट में OnePlus Pad के पहिला झलक देखे के मिलल रहे। नया OnePlus Pad के मीडियाटेक Dimensity 9000 प्रोसेसर के संगे ले आवल गइल बा। बाकिर कंपनी एकर बिक्री आ कीमत के लेके जानकारी ना देले रहे। अब एकर कीमत सामने आइल बा। OnePlus Pad के कीमत 30,999 रुपिया के आस-पास हो सकत बा। एकरा संगे बैंक ऑफर्स के फायदा ग्राहकन के मिली। OnePlus Pad के बिक्री भारत में 28-30 अप्रिल के बीच सुरू हो सकत बा। OnePlus Pad के मुकाबला सैमसंग गैलेक्सी टैब से होई। अब देखे के होई कि ग्राहकन के ई Pad केतना पसंद आवत बा।

प्रोसेसर आ बैटरी:

नया OnePlus Pad में 11.6 इंच के 2.8K रेजलूशन वाला डिस्प्ले मिल सकत बा जवना के रिफ्रेश रेट 144Hz होई। एकर स्क्रीन HDR 10+ आ डॉल्बी विजन सपोर्ट करी। परफॉरमेंस खातिर एमे Mediatek dimensity 9000 प्रोसेसर मिली। संगही, स्टाइलस दिहल जाई, जवना से यूजर आसानी से Pad को ऑपरेट कs सकी। ई एगो भरोसेमंद प्रोसेसर हs जवन कि पहिले से कइयन स्मार्टफोन के पावर दे रहल बा। पावर खातिर एह Pad में 9500mAh के बड़ बैटरी मिली जवन 67W फास्ट चार्जिंग सपोर्ट करी। कनेक्टिविटी खातिर एमे वाई-फाई, जीपीएस, ब्लूटूथ आ यूएसबी टाईप-सी पोर्ट जइसन फीचर मिली। डिजाइन के ममिला में ई Pad बहुते बढ़िया नजर आवेला आ बहुते प्रीमियम नजर आवेला। डिजाइन आ फीचर्स के ममिला में ई Pad सैमसंग से लेके आउर टैबन पs भारी पड़ सकत बा।

13MP के कैमरा सेटअप:

फोटो आ वीडियो खातिर एह Pad में 13MP के रियर कैमरा दिहल जा सकत बा, जबकि सेल्फी खातिर 8MP के कैमरा मिल सकत बा। एह Pad के रउआ पर्सनल आ प्रोफेशनल तरीका से यूज कs सकत बानी। फिलहाल एकरा कीमत के लेके कवनो जानकारी तs सामने नइखे आइल बा बाकीर सम्भावना बा कि कंपनी एकरा के 30,000 रुपिया तक के कीमत में पेश कs सकेले। ई डिवाइस ग्राहकन खातिर कइयन कलर वेरिएंट में उपलब्ध होई। एकर बिक्री अमेजन इंडिया आ Oneplus के वेबसाइट से होई।

519400cookie-checkOnePlus Pad के कीमत भइल लीक, जल्दिये होई लॉन्च! जानीं प्रोसेसर से लेके कैमरा के बारे में

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.