अलीगढ़ के कोतवाली नगर क्षेत्र के घास के मंडी इलाका में सुक्क के कॉफी मशीन फटले से दुकान संचालक अउर उनकर 12 साल के भतीजा अउर दुकान पर ठाढ़ चार गहकी घाही हो गइलें। घायलन के उपचार के जेएन मेडिकल कॉलेज में भर्ती करावल गइल बा। एहमें 12 साल के लइका के हालत गंभीर बतावल जा रहल बा। हादसा के जानकारी पर मेयर मोहम्मद फुरकान के अलावा कोतवाली नगर पुलिस पहुंच गइल।
घास के मंडी निवासी आसिफ के चंदन शहीद रोड चाय- कॉफी के दुकान बा। सर्दी के चलते दुकान पs चाय- कॉफी पीए वाले गहकी लोग के भीड़ लाग रहल। तब्बे अचानक कॉफी मशीन जोरदार धमाका के संगे फट गइल।। एकर चपेट में आ के दुकानदार आसिफ, उनकर भतीजा 12 वर्षीय सिराज पुत्र मो. शाकिर के अलावा कॉफी पीयत रहलें। गहकी आकिब निवासी जयगंज, सासनीगेट, फुरकान निवासी घास के मंडी, अफ्फान निवासी सासनीगेट समेत 6 लोग घाही हो गइलें।
हादसा के बाद इलाका में अफरातफरी मच गइल। आसपास के दुकानदार अउर राहगीर घायलन के ले के पहिले जिला अस्पताल पहुंचनें। जहां से सब के जेएन मेडिकल कॉलेज रेफर कs दिहलें। देर रात ले सब के हालत गंभीर बनल रहल। एहमें 12 बरिस के लइका के हालत नाजुक बतावल गइल।